स्व. पत्रकार साह के हत्यारा के मुद्धा आउर बरियार बनावे ला उपाध्यक्ष पोखरेल के निहोरा

प्रभु यादव

बारा ०१ चईत,
स्व. पत्रकार बिरेन्द्र साह के हत्यरा के पकड के बहुते साहसी आ एतिहासिक काम कईला से नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रिय समिति जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी लगायत के आजु एगो समारोह के बिच सम्मान कईले बा ।

कार्जक्रम मे प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र, ईलका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायव उपरिक्षक गोबिन्द पुरी, ईलाका प्रहरी कार्यालय जीतपुर के प्रहरी नायव निरिक्षक सागर शम्शेर राण के भी सम्मान कईल गईल रहे ।

सम्मान के बाद आयोजना कईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय उपाअध्यक्ष बिपुल पोखरेल मुद्धा के आउर बरियार बना के प्रक्रिया अगाडी बढावे खातिर प्रहरी उपरिक्षक से निहोरा कईले रहनी ।

अभि तक देशभर के ३७ जने पत्रकारलोग हत्या भईला पर भी हत्यारा के पता लगावे के प्रक्रिया अगाडी ना बढईला से चिन्ता जनावत पोखरेल हत्यरालोग के पहिचान करके कानुन के कटघेरा मे लियावे खातिर सरकार से माग कइनी ।

कार्जक्रम मे महासंघ के सचिव रामप्रसाद दहाल प्रेस स्वतन्त्रता उपर कहुँ से भी प्रहार ना होखो कहके उदेश्य से देश ब्यापी रुप मे स्वततन्त्र प्रेस के वकालत महासंघ कर रहल बतवनी ।

महासंघ के कोषाअध्यक्ष राजेश मिश्र तत्कालिन अवस्था मे पत्रकार बिरेन्द्र साह के हत्या करेवाला माओवादी के कार्यकर्तालोग रहला से अभी माअ‍ेवादी आ एमाले मिल के बनल नेकपा के सरकार रहला से एकरा से पहिले पकडाईल मैनेजर गिरी के आम माफी अन्तरगत जेलमुक्त कईला से पकडाईल कुन्दन कहेवाला नरेन्द्र फौजदार के कडा से कडा कारवाही करेके माग कइनी ।

उ अवसर मे प्रहरी उपरिक्षक पंगेनी हत्या मे संलग्न जे केहु भईला पर भी ना छोडेके प्रतिवद्धता जनवनी । पुलीस आ पत्रकारलोग के सम्बन्ध सुमधुर होखेके बात मे जोड देहनी ।

कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, सचिव गुरु प्रसाद गौतम, सदस्य सिकेन्द्र पासवान, जीतलाल श्रेष्ठ, बारा शाखा अध्यक्ष कमल कुमार उपाध्या लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

महासंघ के टोली स्व पत्रकार बिरेन्द्र साह के मेहरारु उमालावती देवी साह, बेटा बिबेक कुमार साह के उनकर कलैया स्थित घर मे पुग के सहानुभुति देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।