भारतीय आईसीपी मे रुकल इन्धन लादल ६९ गो ट्यांकर

वीरगंज ०२ चईत,

भारतीय आयल निगम के प्रतिनीधि इन्धन लेके नेपाल आवेवाला ट्यांकर से बेसी पईसा लेहल कहत ढुवानी व्यवसायी विरोध जनवले बाडन ।

उलोग भारत के बरौनी से तेल लेके आईल ट्यांकर रक्सौल मे छोडले बाडन । बरौनी से पेट्रोलियम पदार्थ लेके आईल ६९ गो ट्यांकर भारतीय कष्टम अगाडि रुकल बा ।

रुकल प्रतिट्यांकर २० हजार लिटर तेल बा । भारतीय आयल निगम इन्धन लादल ट्यांकर के भन्सार करावे खातिर भारत ओरी के एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी) मे राखललोग जथाभावी पईसा लेरहल सिकाईत व्यवसायीलोग के बा । आईओसी पेट्रोलियम पदार्थ लादल ट्यांकर के भन्सार क्लियरेन्स लगायत भन्सार मे जरुरी काम के खातिर मुन्सी रखले बाडन ।

ओइसन मुन्सीलोग दु दर्जन के हाराहारी मे खटेलन ।
मुन्सीलोग आपन मुड मुताविक, ६ सय से १ हजार भारु तक माग रहल दाबी व्यवसायी कईले बाडन । ओकर रसिद भी उलोग ना देवेलन । अनावश्यक पईसा असुले लागला के बाद ओकर विरोध कईला पर व्यवसायी उपर हि आक्रमण करेके खोजल व्यवसायी के कहनाम बा ।

भारतीय आयल निगम के प्रतिनिधि अनधिकृत रूप मे उठावेवाला शुल्क ना देवेके निर्णय मे खुदसब पुगल नेपाल पेट्रोलियम ढुवानी व्यवसायी संघ, वीरगंज के उपाध्यक्ष विनोद मानन्धर बतवनी । “भन्सार पास करावे के जिम्मा भारतीय आयल निगम के ह, केतना लगाी ? उ के तिरी क्लियर होखेके पडल कहत उ “उलोग के प्रतिनीधि के मुड मुताविक जेतना मागेलन ओतना कहाँ देहल जा सकता ।”

कभो डेरवाके, धम्काके त कभो जलदी पास करावे के प्रलोभन मे पार के उलोग मनमौजी पईसा असुल रहल उनकर कहनाम बा ।

मध्यमाञ्चल ढुवानी व्यवसायी संघ के क्षेत्रीय उपाध्यक्ष सुदामा साह भी अनावश्यक पईसा तिर के पेट्रोलियम पदार्थ ढुवानी करे ना सकेके बतवनी । “नेपाल आयल निगम के तेल ह, ढुवानी करेके काम हमनी के ह,” कहत उ, “भारतीय भन्सार कटावे खातिर अनावश्यक पईसा ना दिआई ।”
भारतीय पक्ष से वार्ता मार्फत समस्या समाधान के खातिर प्रयास हो रहल व्यवसायीलोग बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।