विश्व उपभोक्ता अधिकार दिवस के अवसर मे बतकही कार्जक्रम

वीरगंज ०२ चईत,
“उत्पादन मे गुणस्तरीयता आपूर्ति मे सहजता उपभोग मे विवेकशीलता” कहके नारा के साथ आजु विश्व उपभोक्ता अधिकार दिवस बीरगंज मे मनावल गईल बा ।
वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता सँरक्षण कार्यालय पर्सा बीरगंज के आयोजना मे बीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सभाहल मे भईल बतकही कार्जक्रम के उदघाटन करत बीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी अभी तीन तह के सरकार निर्माण भईला परी भी स्थानीय सरकार उपभोक्ता ऐन निर्माण करेके महानगर तइयारी मे लागल बतवनी ।
अब एगो कार्यविधि ऐन कानुन बनईला पर ब्यापारी आ उत्पादकलोग के समस्या समाधान होखेके आ अनुगमन करेवाला आदमी के भी समस्या ना आवेके मेयर सरावगी के कहनाम रहे ।
कार्जक्रम मे महानगरपालिका के उपमेयर शान्ति कार्की, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत, बीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया, नेपाल पत्रकार महासघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता सँरक्षण कार्यालय के प्रमुख जीत बहादुर भन्डारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सुचना अधिकारी दिलिप खँङग स्वागत मनतब्य रखले रहनी । कार्जक्रम के सहजिकरण नासु दुर्गा नकर्मी कईले रहनी ।






