धनुषा मे जहरीला दारु पियला से मृत्यु होखेवाला के संख्या १७ पुगल
धनुषा, २ चईत,
धनुषा मे घरेलु दारु पियला से के चलते आउर दु जने के मृत्यु भईल बा ।
एकरा सँगे धनुषा मे विषाक्त दारु पियला से मृत्यु होखेवाला के सङ्ख्या १७ पुगल बा । आजु सबेरे ४ बजे जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका–७ स्थित मुसहरी टोल के जीतेन्द्र सदा के दारु पियला से मृत्यु भइल वार्ड अध्यक्ष जानकीराम साह बतवनी ।
एहितरे आजु सबेरे ३ बजे लक्ष्मीनियाँ गाँवपालिका मे दारु पियला से एक जने के मृत्यु भईल बा ।
गाँवपालिका–५ के ३४ बरीस के विश्वनाथ यादव के मृत्यु भईल बा । होली के अवसर मे दारु पियल बनारसी देवी के शुक के सँझिया आ मिथिला सदा आ झगरु सदा के शनिचर के सबेरे मृत्यु भईल रहे ।
क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–२ रमदैयामा शुक तक १२ जने के मृत्यु भइल रहे । मृत्यु होखेवाला मे रामविलास मण्डल, शत्रुघन मण्डल, इन्द्रजीत महरा, ब्रह्मदेव यादव, गुदर महरा, रामनारायण महरा आ निरस यादव बाडन ।
धनुषा के रूपैठा घर भईल रमदैयास्थित ससुराली मे रहत आईल राजु महरा के भी मृत्यु भईल बा । शत्रुघन मण्डल के शुक के सँझिया जनकपुर के सिटी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे । दु हप्ता से पहिले रमदैया सँगे जुडल मुसहर बस्ती मे दारु पियला से भुनटुन सदा, दसै सदा आ विजय महरा के मृत्यु भईल रहे ।
सभी के शुरु मे मुडि आ पेट दुखाएके, उलटी आवेके, आँखा डम्म होखेके आ अन्ततः देह पाला होके मृत्यु भईल स्थानीयवासी बतवले बाडन ।






