कोरोना सङ्क्रमण से बँचे खातिर प्रदेश नं २ सरकार के तइयारी

धनुषा, २ चईत,

कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से बँचावे खातिर प्रदेश नं २ सरकार तइयारी सुरु कईले बा । प्रदेश नंं २ के स्वास्थ्य निर्देशनालय कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से बँचावे खातिर प्रदेश भितर के अनेकन मेडिकल कलेज तथा अस्पताल मे ११५ आइसोलेशन वार्ड निर्माण के खातिर काम अगाडि बढवले बा ।

प्रदेश नं २ के स्वास्थ्य निर्देशनालय के उपनिर्देशक विजयकुमार झा एकरा खातिर प्रदेश राजधानी जनकपुरधाम स्थित प्रादेशिक अस्पताल मे तीन, नारायणी उपक्षेत्रीय अस्प्ताल मे पाँच, क्षीरेश्वरनाथ नगरपालिका के रमदैयास्थित जानकी मेडिकल कलेज एवं शिक्षण अस्पताल मे ६० आ वीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज मे ५० आइसोलेशन वार्ड निर्माण करे खातिर काम अगाडि बढावल जानकारी देहनी ।

प्रदेश नं २ मे अभी तक एक जने मे भी कोरोना के सङ्क्रमण ना देखल गईला पर भी पूर्वसतर्कता के खातिर अइसन वार्ड स्थापना काम अगाडि बढावल उपनिर्देशक झा जानकारी देहनी ।

एहितरे कोरोना के सङ्क्रमण होखे ना देवे खातिर सीमाक्षेत्र मे विशेष निगरानी बढावे के काम भईल बा । अनेकन पालिका मे भी हेल्थ डेक्स सञ्चालन के काम अगाडि बढावल स्वास्थ्य निर्देशनालय जनवले बा ।

भारत से आ रहल दु युवा के धनुषा के सिमाना मे पडेवाला भारत के जयनगर मे भारत सरकार से राखल कोरोना हेल्थ डेक्स शङ्का के आधार मे मधुबन्नी जिल्ला के सदर अस्पताल मे लेजाके जाँच करईला पर नेगेटिभ रिपोर्ट मिलल धनुषा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रदीपराज कँडेल जानकारी देहनी ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी कँडेल कहनी कि, “यद्यपि भारत मे कोरोना के सङ्क्रमण देखाई देहल आ खुला सिमाना भईला के चलते सीमाक्षेत्र मे निगरानी बढावे के काम भईल बा ।” एहितरे कोरना भाइरस से सतर्कता अपनावे खातिर हि सरकारी विद्यालय मे शनिचर से हि दु चरण मे करके भईला पर भी ६ गते तक वार्षिक परीक्षा पुरा करेवाला किसिम से परीक्षा शुरु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।