भुलाईल एगो ट्रक बियर रौतहट मे मिलल

रौतहट ४ चईत,
रौतहट मे चोरी के एगो चकित करेवाला घटना सार्वजनिक भईल बा । गोर्खा ब्रुअरी प्रालि नवलपरासी से १४५० कार्टुन बियर आ १० कार्टुन जुस लेके जनकपुर के खातिर चलल ट्रक गो रास्ता भुलाईल रहे ।
फागुन ३० गते शुक के दिने नवलपरासी से चलल उ ट्रक एतवार तक भी जनकपुर ना पुगला के बाद ट्रान्सपोर्ट कम्पनी के मह्मद शादिक गाडी आ सामान के खोजी सुरु कईले रहलन ।
जनकपुर के कदमचोक स्थित राजेश डिष्ट्रिब्युटर्स से अडर भईल मुताविक कम्पनी ना. ५ ख. २६८६ नम्बर के ट्रक मे उ सामान जनकपुर पठवले रहे । माकिर, चालक के मिलीभगत मे उ सामान लोड भईल ट्रक रौतहट के गरुडा नगरपालिका–६ अमरपटीस्थित उमेश यादव के घर मे पुगल रहे ।
ढुवानी कम्पनी शुभ ट्रान्सपोर्ट के प्रतिनिधि के सहजोग मे पुलीस उ मालसामान रौतहट के गरुडा नगरपालिका से सोमार के रात बरामद कईल इलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा के डीएसपी ज्ञानकुमार महतो जानकारी देहनी ।
चितवन के भरतपुर महानगरपालिका–२ घर भईल ट्रान्सपोर्ट के प्रतिनिधि पूण्यकुमार श्रेष्ठ से देहल किटानी उजुरी के आधार मे यादव के घर मे रहल गोदाम मे छापा मारला पर उ सामान बरामद भईल उ बतवनी । ट्रक चालक आ बिचौलियाबीच के आर्थिक चलखेल के आधार मे ८ लाख ३२ हजार मूल्य बराबर के १४५० कार्टुन बियर गरुडा तक आइल पुलीस अनुसन्धान देखवले बा ।
गरुडा मे व्यापार करेवाला भारतीय नागरिक विकास साह भाडा मे लेहल गोदाम से पुलीस चोरी भईल १४१५ कार्टुन वियर बरामद कईले रहे । सामान बरामद भईला पर भी व्यापारी विकास साह तथा ट्रक के मालिक कटहरीया–२ के शेख फहिमुलहक फरार रहल डीएसपी महतो बतवनी ।
हेटौंडा मे चालक बदलल आ चालक बदलला के बाद उ ट्रक जनकपुर गईला के बदले विचौलिया के गोदाम तक आइल रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खडका बतवनी । फरार रहल व्यापारी आ तथा ट्रक के खोजी काम जारी रहल उ बतवनी ।





