समुदायिक विद्यालय के शिक्षक लोग के बादमासी के चलते विद्यार्थी समस्या मे

प्रभु यादव
बारा ०५ चईत,
बारा के कलैया उपमहानगरपालीका क्षेत्र भितर समुदायिक विद्यालय मे पढेवाला लईकालईकी सब शिक्षक लोग के चलखेल से मार मे परहल बाडन ।
निजि विद्यालय मे पढेवाला लईकालईकी समुदायिक विद्यालय मे नाम लिखा लेहत बा अउर बारसीक परीक्षा आवत बा त सामिल होके प्रमाण बना के सरकारी सेवा सुविधा लेवेला तइयार भईला से मार मे परहल कलैया २ के सरोज साह के सिकायत कईले बानी ।
भोजपुरी मे कहावत बा “सब दिन अगोरलन कासी मरे के बेर चलगईलन उजरा बासी” कलैया के जवान उपेन्द्र यादव कहनी कि समुदायिक स्कुल मे पढेला सब दिन गरीब के लइका लईकी आ परीक्षा के समय मे सहभागी होके प्रमाण लेके सरकारी सेवा सुविधा पर कब्जा जमावेला जे निजि मे पैसा तिरेला आ समुदायिक के शिक्षक लोग के लोभ के पार के प्रमाण बनावे मे सफल होखे जवना से गरीब के बालबचा सब दिन स्कुल जायत जायत रहजाला सिकायत कईले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका २ दोहरी मे रहल अमर उच्च मावि के प्रअ किशोरी राम से जनकारी लेहला पर आपना स्कुल मे कुछ गाव के परोसी शिक्षा से बचित ना रहो कहत कक्षा आठ मे परीक्षा पाच जने देहले बानी जनकारी देहनी ।
कलैया भवानीपुर मे रहल श्रीजनता मावि के प्रअ लालबाबु प्रसाद जयस्वाल जेष्ठ महिना मे स्कुल मे नाम लिखावल माकिर स्कुल मे ना पढ के टियुसन तयार कर के वारसिक परीक्षा देवे आई विद्यालय के लईकालईकी रहल जनकारी देहनी । कक्षा आठ मे ५१ जने परीक्षा मे सामिल भईल मध्ये करीब १६ जने स्कुल मे विना पढले आ कक्षा ९ मे पाँच जने सहभागी भईल प्रअ जयस्वाल जनकारी करावले बानी ।
नेपाल सरकार से कवनो परिपत्र आपना ना मिल बा कि नाम रहि आ स्कुल मे ना पढी त अन्तिम परीक्षा मे सहभागी ना करावे प्रअ जयसवाल जनकारी देहनी । जवना दिन हमरा परिपत्र आई ओह दिन से सहभागी ना कराईम कहनी ।
कलैया उपमहानगरपालीका के शिक्षा शाखा प्रमुख उप सचिव प्रहल्लाद वर्णवाल आपना जगह जेष्ठ महिना मे आईल पढनियार नमावली से बाहर भईला पर ओकरा के परीक्षा के रिजल्ट रोकल जाई जनकारी करावले बानी ।
शिक्षा नियमावली मे रहल नियम स्कुल मे ७५ प्रतिशत उपस्थि रहल पढनियार के परीक्षा मे सामिल करावे के व्यवस्था रहल बा माकिर बाहर से आवेवाला पढनियार के स्कुल सब आपन प्रमाण बना के रखले रहे कागज पूरा भईला पर का कर सकल जाता वर्णवाल कहनी । अनुगमन करे के पूरा समय ना मिललबा अउर राजनैतिक दवाव के चलते कार्वाही के ओ जाये ना सकल जाये के कहनी ।
समुदायिक विद्यालय आपन पढनियार लईका लईकि सब के विवरण देहले बाडन माकिर निजि विद्यालय सब के तगदा कईला वाद भि ना देहला से पूरा नामावली देखल ना जा सके के उपसचिव वर्णवाल कहनी ।
निजि विद्यालय के हकहित सरक्षण संस्था एन पेप्सन बारा के अध्यक्ष प्रभु कुशवाहा नेपाल सरकार के अनुगमन लपरवाही के कारण निजि स्कुल सब समुदायिक स्कुल से परीक्षा दियारहल बा सिकायत कईनी ।
बहुते बेर निजि स्कुल के बैठक मे समुदायिक स्कुल से परीक्षा दियावे के काम ना करे के छलफल भईला बादो करिब बारा मे ३० प्रतिशत स्कुल सब लागल जनकारी करावले बानी । आवेवाला दिन मे फिर सल्लाह सुझाव देवे के आ रोक लगावेवाला समाधान खोजे के आपना ओर से प्रयास कइल जाइ अध्यक्ष कुशवाहा कहनी ।
नेपाल राष्ट्रिय मावि मदर्सा कलैया के प्रअ मनोज साह से जनकारी लेहला पर नेपाल सरकार के नियम रहल बा एक बरीस भित्र पढेवाला पढनियार के ७५ प्रतिशत हाजरी पुगेके परी ना त नाम मात्र लिखा के परीक्षा मे समेल होई उ गलत काम रहल बा ओईसन के जवना समय मे भि कार्वाही मे पर सकता जनकारी देहनी ।
प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य बारा निर्वाचन क्षेत्र ३ के ख के पारस प्रसाद साह से जनकारी लेहला पर शिक्षा के मावि तक के स्थानिय सरकार मे अधिकार रहल बा जवना के स्थानिय सरकार कार्यवन्यन ना कईला से गलत काम होरहल बा ।
निजि स्कुल मे पढके समुदायिक स्कुल मे परीक्षा मे सामिल होके सब दिन पढेवाला लोग के मनोवल गिरावल गलत काम रहल बा ओकरा के प्रदेश सरकार मे अवाज उठावे के साह कहनी । बारा के शिक्षा ईकाई प्रमुख शशिकुमार यादव से फोन सम्पर्क कईला पर आपने फोन पर जनकारी कवनो ना देवे सकल जाये के कहत सम्पेक विहीन बनगईनी ।
बहुत स्कुल के कक्षा ८ आ ९ मे पढनियार लईकालईकी सब से जनकारी लेहला पर आपन स्कुल मे कभि भि ना देखल गईल देखल जारहल बा सिकायत करत निरास बनल देखल गईल बा ।
पत्रकार महासंघ प्रदेश २ कार्य समिति सदस्य सिकेन्द्र पासवान निजि स्कुल मे पढेवाला लईकालईकी सब के समुदायिक मे परीक्षा दियावल आर्थिक चलखेल रहल जनकारी देहनी । कुछ दिन से ई विकृती बढल बा जवना के सम्बन्धित निकाय मौन रहल ओह पर संका बनरहल पासवान कहनी ।
नियम कानुन भईला पर भि समुदायिक स्कुल के शिक्षक लोग विना डर के परीक्षा मे नाम मात्र लिखा के परीक्षा दियारहल गैरकानुनि काम सब के नियतविगडल देखल जारहल पासवान कहनी ।
प्रसौनी गावपालीका के जनप्रतिनिधि सब अनुगमन कर के आपन गावपालीका मे परीक्षा मे मात्र समेल होखेवाला लोग के निकाल देहले बा माकिर कलैया मे जादाही रहल बा ओकरा ओ सम्बन्धित निकाय के ध्यान ना जाये के खोटरहल पत्रकार अजय साह जनकारी देहनी ।






