नारायणी अस्पताल मे डाक्टर सहित ५८ जने कर्मचारी के माग

वीरगंज ०५ चईत,
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल २७ पद के खातिर ५८ जने कर्मचारी माग कईले बा ।
अस्पताल फिजिसियन, रेडियोलोजिष्ट, साइक्याट्रिष्ट, प्याथोलोजिष्ट, मेडिकल अधिकृत, स्टाफ नर्स लगायत २७ पद मे ५८ कर्मचारी माग करत बुध के दिने सूचना जारी कईले बा ।
सब से बेसी स्टाफ नर्स १८ जने, मेडिकल अधिकृत ८ जने, अनमी ४ जने माग कईल बा । टर्सरी अस्पताल मे स्तरोन्नतीे भईला पर भी जनशक्ति आ सेवा सुविधा थप नइखने भईल ।
चिकित्सक भा स्वास्थ्यकर्मी करार सेवा मे व्यवस्थापन करेके सम्बन्धी कार्यविधि २०७६ बमोजिम कर्मचारी भर्ना आह्वान कईल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ड डा.मदन उपाध्याय बतवनी ।
‘अस्पताल मे जरुरत मुताविक चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मी ना भईला पर सेवा प्रवाह मे समस्या रहे, ओहिसे खाली रहल पद मे भर्ना आह्वान कईल बा’ कहके बतवनी ।
एकरा से पहिले अस्पताल मे मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट के सिफारिस मे हि कर्मचारी नियुक्त कईल जात रहे ।
कर्मचारी आवश्यकता के सूचना जारी करके भर्ना लेहला पर विवाद होत आईल बा । डा.चितरंजन साह मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट भईल समय मे नर्सिङ के खातिर कईल विज्ञापन विवाद के चलते स्थगित भईल रहे ।
अस्पताल मे राजनीति हावी भईल मेसुलोग राजनीतिक दल के आड मे विज्ञापन हि ना करके करार मे कर्मचारी राखत आईल कैयन के तर्क बा ।






