बारा के सदरमुकाम सुनसान बनरहल

प्रभु यादव

बारा ०६ चईत,
विश्व मे डर लागेवाला किसिम से बढल कोरोना भाईरस के हल्ला से गाँव के लोग शहर आईल छोड रहल बाडन ।

बाहर आवेवाला लोग पहिले सहर मे आवत बाडन जवना से कोरोना भाईरस बढ सकता ओकरा से बँचेला गाँव मे मिलेवाला समान किनमेल कर के आवश्यकता पूरा करहल प्रस्टोका के रहनियार जटाशकर साह जनकारी करावले बानी ।

स्कुल सब मे के जाँच जल्दी–जल्दी सुधावल गईल आ एसईई जाँच स्थगित कईल गईल सुन के गाँव गाँव मे चर्चा बढ गईला से लोग शहर आईला छोड देलक कलैया १ के गौरीशकर यादव जनकारी करावले बानी ।

कलैया बजार मे व्यापार कर के रहल उपेन्द्र यादव दु दिन से विक्री पूरा मन्दी भईल बा आ गाँव से लोग के आवत जावत मे कमी भईला से रास्ता सुनसान देखल जारहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।