सुगौली मे सिपमुलक हाउस वायरिङ्ग समबन्धि दु महिने तालीम

जिराभवानी ०६ चईत,
सृजनशिल शिक्षा विकास केन्द्र प्रा.ली. सखुवा प्रसौनी गा.पा.वार्ड २ पचगाँवा के आयोजना मे पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सहजोग मे गाँवपालिका के वार्ड नम्बर ४ सुगौली मा.वि.मे गाँवपालिका स्तरीय सिपमुल हाउस वायरिङ्ग समबन्धी दु महिने तालीम के आजु दुसरका बेर पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका से अनुगमन भईल बा ।
अनुगमन मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत भुजेन्द्र प्रसाद यादव, शिक्षा आ प्रशासन फाँट के प्रमुख शम्भु साह, वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष राजेश्वर महतो, स्थानीय पत्रकार प्रमोद यादव, स्थानीय शिक्षक शुभाष दास थारु लगायत के लोग तालिम के अनुगमन कईले रहनी ।
सीप सिखीं आ रोजगार बनीं, समय के बेमार ना जाए दिं, समय के सदुपयोग करीं, आर्थिक समस्या अन्त करे खातिर गरिव, विपन्न के खातिर एगो बका अवसर भईल अनुगमन कर्तालोग बतवले बानी ।
सहभागीलोग फागुन २३ गते से संचालन मे रहल तालिम के अन्तिम तक घर मे वायरिङ्ग करेके आ बिजुली बत्ती के बोड सुईच सहज रूप मे फिटिङ्ग करेके सकेके आ आउर बहुते चिज सिखल जनावल गईल बा ।
तालीम मे गाँवपालिका के अनेकन वार्ड के २५ जने के सहभागिता रहल रहे । उ तालीम मे कोरोना भाईरस के लक्षण आ बँचेवाला उपाय के बारे मे पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के स्वास्थ संयोजक जगन्नाथ साह जानकारी देहनी ।






