क्वारेन्टाइन बनावे खातिर एक व्यवसायी दिहें होटल

वीरगंज ०७ चईत,

वीरगंज के एक होटल व्यवसायी कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के क्वारेन्टाइन के खातिर होटल देवेके घोषणा कईले बाडन । होटल तथा पर्यटन व्यवसायी संघ वीरगंज के अध्यक्ष बुद्धिबहादुर पन्त होटल निःशुल्क उपलब्ध करावेके घोषणा कईले बानी ।

कोरोना से लडे खातिर भौतिक पूर्वाधार जरुरी भईला पर बैशाख १ गते तक के खातिर १७ गो कोठरी भईल होटल क्लासिक निःशुल्क उपलब्ध करावेके बतवनी । कोरोना भाइरस विरुद्ध लडे खातिर जरुरी पडला पर संघीय, प्रदेश भा स्थानीय कउनो भी सरकार प्रयोग करे सकेके उनकर कहनाम बा ।

“वीरगंज देश के प्रमुख नाका ह, नाका से आवेजाएवाला के संख्या बहुते बा, कोरोना के दृष्टिकोण से बहुते जोखिम पूर्ण भी बा,” कहत उ, “कोरोना विरुद्ध लडे खातिर इहाँ के मेडिकल पूर्वाधार मात्र ना पुग सकता, ओकरा खातिर होटल प्रयोग करे देवेके घोषणा कईले बानी ।”

चीन के वुहान से फईलल कोरोना भाइरस के संक्रमण से विश्व के अर्थतन्त्र डगमगईले बा । पडोसी देश भारत के अनेकन राज्य मे कोरोना के संक्रमण देखल गईला के बाद वीरगंज के होटल व्यवसाय मे असर पडल बा । नेपाल घुमे खातिर आवेवाला भारतीय पाहुना होटल मे आईल छोडल होटल व्यवसायी बतवले बाडन ।

कुछ दिन एने होटल के कोठरी खाली होखे लागल बा । होटल कुमु प्यालेस के सञ्चालक कुबेर कार्की होटल मे ग्राहक आईल छोडल बतवनी । “कोरोना भाइरस के हल्ला चले लागला के बाद होटल मे भारतीय ग्राहक आईल छोडले बाडन,” कार्की कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।