वीरगंजमा मास्क आ सेनिटाइजर बाँटल गईल

वीरगंज ०९ चईत,
कोरोना भाइरस के संक्रमण के मध्यनजर बरत वीरगंज मे मास्क आ सेनिटाइज निःशुल्क बाँटल गईल बा ।
कैयनलोग सेनिटाइजर से हाथ पोछें खातिर सिखा रहल बाडन । समाजवादी पार्टी के सांसद प्रदीप यादव मास्क आ सेनिटाइजर बँटले बानी । एक हजार थान मास्क आ एक कार्टुन सेनिटाइजर वितरण कईल उ बतवले बानी ।
एतवार के सबेरे माइस्थान, मिनाबजार, घण्टाघर लगायत के जगहा मे मास्क आ सेनिटाइजर वितरण कईल रहे । बेसी भिडभाड होखेवाला माइस्थान, मिनाबजार, घण्टाघर क्षेत्र मे कोरोना भाइरस संक्रमण के बेसी जोखिम भईला से मास्क आ सेनिटाइजर बाँटल गईल सांसद यादव बतवनी ।
“माइस्थान, मिनाबजार, घण्टाघर आदमीसब के बेसी भिडभाड होखेवाला क्षेत्र ह, कोरोना भाइरस के संक्रमण अईला पर भयाबह स्थिति बन सकता,” कहत यादव, “ओहिसे सर्वसाधरण के माक्स आ सेनिटाइजर देके एकर प्रयोग के बारे मे सचेत करवले बानी ।”
सांसद यादव माक्स आ स्यानिटाइजर वितरण करेके समय मे २५ जने से बेसी के भिड आईल कहत कैयनलोग आलोचना भी कईले रहलन । माकिर सांसद यादव उ जगहा आदमीसब के बेसी भिडभाड हि होखेवाला जगहा रहल बतवले बाडन ।
एहितरे आजु सबेरे जीपी कोइराला फाउन्डेशन पर्सा घण्टाघर मे आदमीसब के सेनिटाइजर से हाथ पोछवईले रहलन ।
अनेकन जगहा से घण्टाघर होत यात्रा कर रहल सर्वसाधरण के सेनिटाइजर के प्रयोग के बारे मे सचेतना जगावल गईल प्रतिष्ठान पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहावुद्धिन बतवनी ।
भिडभाड के कम करे खातिर स्थानीय प्रशासन वीरगंज मे चाय दोकान भी बन्द करावल गईल बा ।





