पर्सा के सबैठवा आ धोरे मे हेल्थ डेस्क स्थापना

वीरगंज १० चईत,
विश्वभरि महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से बँचे खातिर भारत से सीमा जुडल पर्सा के सबठैवा आ धोरे मे हेल्थ डेस्क स्थापना कईल बा ।
पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ के सबैठवा आ वार्ड नम्बर १ के धोरे मे हेल्थ डेक्स सञ्चालन मे लियावल गईल बा । भारत से फिर्ता आवेवाला नेपालीलोग के चेकजाँच करके मात्र नेपाल आवे देहल गाँवपालिका अध्यक्ष विजय चौरसिया बतवनी ।
नेपाल सरकार भारतीय सीमा नाका बन्द कईला के बाद पुलीस के सहजोग मे नेपाल आवे लागल भारतीय के फिर्ता कईल गईल अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
सोमार के दिने उ नाका होके नेपाल प्रवेश कईल ३५ जने नेपाली के चेकजाँच कईल सबैठवा स्वास्थ्य चौकी के इन्चार्ज राजन यादव बतवनी ।
एहितरे गाँवपालिका अध्यक्ष चौरसिया के नेतृत्व मे स्वास्थ्यकर्मी सहित के टोली कोरोना भाइरस से बँचे खातिर टोल–टोल मे सचेतना अभियान भी चलावल गईल बा ।
सबैठवा, खेश्रहा के मुसहर बस्ती मे कोरोना भाइरस से बँचेवाला उपाय के बारे मे सचेत करईला के साथे साबुन आ मास्क भी बाँटल गईल अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
गाँवपालिका के बोर्ड बईठक से ५ गो वार्ड मे अनेकन किसिम के सचेतना कार्जक्रम करेके, कोरोना भाइरस से बँचे खातिर विप्पन वर्ग के मास्क आ साबुनपानी के व्यस्था करेके निर्णय कईल बतवनी ।






