तीन जने से बेसी एक जगहा मे ना रहे खातिर वीरगंज महानगर के निहोरा

वीरगंज १० चईत,
वीरगंज कोरोना संक्रमण के उच्च जोखिम मे बा । वीरगंज महानगरपालिका नगर क्षेत्र मे जरुरी सेवा बाहेक के दोकान आ व्यवसाय बन्द करे खातिर निहोरा कईले बा ।
दवाई, किराना, दूध, तरकारी आ फलफूल दोकान बाहेक के व्यवसाय बन्द करे खातिर निहोरा कईल गईल बा । अईसन दोकान मे पालहा से किन बेंच के व्यवस्था मिलावे के आ ग्राहक के भीड ना करे खातिर वीरगंज महानगर के प्रमुख विजयकुमार सरावगी निहोरा कईले बानी ।
दूध ढुवानी के साधन, दमकल, एम्बुलेन्स आ अस्पताल सेवा के बाहेक आउर सवारी आ ढुवानी के साधन सञ्चालन ना करे खातिर भी महानगर निहोरा कईले बा । महानगर ३ जने से बेसी आदमी भेला ना होखे खातिर कहले बा । “जरुरी काम के अलावा चा ले खातिर कहल गईल बा, सकेभर घर मे रहेके पडि,” कहत उ, “जरुरी काम पडला पर घर से एक जने मात्र बहिर निकले पडि । नगरबासी मे हमर निहोरा बा ।”
एहितरे महानगरपालिका संक्रमण फईलल अवस्था मे वीरगंज के सामुदायिक आ संस्थागत विद्यालय के आइसोलेसन वार्ड के रुप मे प्रयोग करेके जनावल गईल बा । महानगर सूचना निकाल के संक्रमण फईलला पर शंकास्पद मरेजी के क्वारेन्टाइन मे राखेके पडला पर विद्यालय भवनसब के उपयोग करेके जानकारी करवले बा ।
माध्यमिक स्तर के निजी तथा संस्थागत ५४ गो विद्यालय के तइयारी अवस्था मे राखे लागल महानगरपालिका शिक्षा महाशाखा प्रमुख अरविन्दलाल कर्ण जानकारी देहनी । जरुरी पडला पर महानगरपालिका भितर के मावि स्तर के १८ गो सामुदायिक आ ५९ गो संस्थागत विद्यालय के क्वारेन्टाइन के रुप मे प्रयोग कईल जाई ।
“कउनो भी समय ओइसन भवन प्रयोग मे लिया सकल जाता । छुट्टी भईला से प्रअलोग कहु चलजईहन,” कहत उ “क्वारेन्टाइन के खातिर तइयार राखेके, सम्पर्क मे रहेके आ कउनो विषेश काम से बाहर जाएके पडला पर जानकारी करावे खातिर सम्बन्धित विद्यालय के प्रधानाध्यापक के कहल गईल बा ।”






