अठार किलो गाँजासहित पकडईलें

वीरगंज १० चईत,
पर्सा के बहुदरामाई नगरपालिका से आजु पुलीस १८ किलोग्राम प्रतिबन्धित लागुऔषध गाँजासहित तीन नेपाली नागरिक के पकडले बा । बीआर०५एफ ६५६६ नं के मोटरसाइकल लोड करके भारत ओरी जा रहल तीन आदमी के पुलीस नगरपालिका के वार्ड नं ५ से पकडले बा ।
पकडाएवाला मे बहुदरामाई नगरपालिका–५ के रहनिहार ५५ बरीस के राधाकृष्ण राउत अहिर, ५० बरीस के लक्ष्मण महतो कोइरी आ पर्सा के पकहामैपुर गाँवपालिका–१ निवासी ५० बरीस के मन्द्रिका सहनी रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम थापा जानकारी देहनी । उ नेपाल से भारत ओरी लागुऔषध के तस्करी हो रहला से पूर्वसूचना के आधार मे कारवाही कईला पर उ परिमाण के गाँजा सहित तीन जने के पकडल बतवले बानी ।





