फेटा गा.पा.द्धारा कोरोना भाईरस से बँचेला सचेतना

प्रभु यादव
बारा ११ चईत,
फेटा गाँवपालिका कोरोना भाईरस से बचेला जनता सब मे सचेतना फइला रहल बा । विश्व भर मे महामारी के रूप मे फैलरहल कोरोना भाईसर से बचे के खातिर फेटा गाउँपालिका से पूर्णरूप मे सतर्कता अपनावल जारहल जनावल बा ।
फेटा गाउँपालिका मे एतवार के दिन गाँवपालिका भर के जनप्रतिनिधि आ कर्मचारी सब लोग नोबेल कोरोना भाईरस (कोभिड–१९)सम्बन्धि अभिमुखिकरण कार्जक्रम कर के महामारी के रूप मे फैइल रहल कोरोना से बचेला पूर्णरूप मे सतर्कता अपनावे के छलफल भईल बा ।
कोरोना भाईरस से बचावे खातिर गाउँपालिका के हरेक गाउँ मे जनचेतनामूलक बोर्ड लगाँवे के, हरेक बजार आ चोक चोरहा पर जनचेतनामूलक सूचना प्रसारण करे खातिर गाउँपालिका के अध्यक्ष अमिरीलाल प्रसाद जानकारी करावले बानी ।
गाउँपालिका भितर रहल हरेक स्वास्थ्य चौकी मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी सब लोग के बिदा के दिन सेवा देवे के निर्देशन अध्यक्ष देहनी । जोतपुर मे हेल्प डेक्स स्थापना कर के कोरोना भाईरस सम्बन्धि चेकजाँच करे के गाउँपालिका अध्यक्ष अमिरीलाल प्रसाद जनकारी करावले बानी ।
कार्यक्रम मे डाक्टर शिवस कुमार पाण्डे कोरोना भाईरस कईसे फैलेला आ एक जने मे से दुसर जने मे लाग रहल बा जनकारी करावले रहनी ।
जिल्ला जन स्वास्थ्य कार्यालय बारा के भेकटर कन्ट्रोल शंकर गुप्ता कोरोना भाईरस से बचे खातिर का का करे के परी जानकारी करावले रहनी ।
फेटा गाँवपालिका मे माक्स आ साबुन देवे के तयारी कईल जारहल कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल । कार्यक्रम के संचालन फेटा गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख कुरान अलि ठकुराई कईले रहनी ।






