वीरगंज मे लकडाउन उल्लंघन करेवाला १५० जने पकडईलें

वीरगंज ११ चईत,
लकडाउन के उल्लंघन कईल कहत पुलीस वीरगंज से १५० जने के पकडले बा । कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण रोके खातिर सरकार लकडाउन कईला पर भी ओकर अवज्ञा कईल कहत पुलीस उलोग के नियन्त्रण मे लेहले रहे । २ घण्टा जेतना नियन्त्रण मे लेके सचेत करा के उलोग के छोडल गईल पुलीस जनवले बा ।
एहितरे लकडाउन उल्लंघन करके चलावल गईल २९ गो मोटरसाइकल भी नियन्त्रण मे लेहल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी । नियन्त्रण मे लेहल मेसे २२ गो मोटरसाइकल धनी ५÷५ सय रोपेया जरिवाना तिर के लेगईल उ बतवनी । ६ गो मोटरसाइकल अभी भी पुलीस नियन्त्रण मे रहल पुलीस जनवले बा ।
“लकडाउन के पहिलका दिन छिटपुट रुप मे आदमीसब बाहर निकलल देखल गईल,” कहत उ, “घर मे रहे खातिर निहोरा कईला पर भी अटेर कईला से १५० जने के नियन्त्रण मे लेके छोडल गईल बा । माकिर लकडाउन के पहिलका दिन वीरगंज नाका बन्द रहल । नाका से जरुरी पेट्रोलियम पदार्थ राखल सवारी साधन आ एम्बुलेन्स के मात्र आवे जाएके देहल सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक अमर खत्री जानकारी देहनी ।






