कतार से आईल तीन जने युवा बोखार अईला के बाद अस्पताल मे भर्ना

वीरगंज ११ चईत,
कतार एयरवेज मार्फत काठमाण्डु से आईल एक युवती मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद ओकर डर दोसर जगहा फईल रहल आशंका कईल गईल बा ।
पर्सा मे कतार से फिर्ता आईल तीन जने युवक मे बोखार अईला के बाद अस्पताल मे पुगल बाडन । कतार से सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ देउरवाना के तीन जने नारायणी अस्पताल मे पुगल बाडन ।
बितल चईत ४ आ ५ गते कतार से घर आईल ४५ बरीस के, ३२ बरीस के आ २२ बरीस के पुरुष मे बोखार देखल गईल बा ।
लक डाउन के दिन मंगर के दिने मोटरसाइकल मे अस्पताल आवे लागल उलोग के इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली आ वडा कार्यालय एम्बुलेन्स मे राख के नारायणी अस्पताल मे पठवले रहे । उलोग से भेट करे बारा से आईल ज्वाई के भी अस्पताल पठावल गईल वार्ड अध्यक्ष जुमान मिया जानकारी देहनी ।
“स्वास्थ्य चौकी मे चेकजाँच कईला पर कतार से आईल तीन जने मे बोखार देखल गईल, उलोग चईत ४ गते आ ५ गते कतार से फिर्ता आईल रहलन” कहत उ “इलाका प्रहरी कार्यालय सँगे समन्वय करके उलोग के नारायणी अस्पताल पठावल गईल बा ।”
कोरोना भाइरस संक्रमण के आशंका मे गाँवबासी आतंकित रहल उ बतवनी । कतार से फिर्ता होके नारायणी अस्पताल मे आईललोग मे सामान्य बोखार देखल गईल नारायणी अस्पतालके मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
“उलोग मे सामान्य बोखार बा, कोरोना से सम्बन्धित आउर लक्षणसब देखल गईल नइखे” कहत उ “उलोग के यात्रा के वृृत्तान्त (ट्राभल हिस्ट्री) ना बुझ के का करेके कहके निर्णय कईल मुस्किल बा ।”






