पर्सा मे लकडाउन अवज्ञा करेवाला १७५ जने पकडईलें

वीरगंज १२ चईत,

पर्सा मे लकडाउन के उल्लंघन करके घरबाहर चलेवाला १७५ जने के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।
उलोग के सचेत करा के बिहान के दिन मे सरकारी आदेश के उल्लंघन ना करेके शर्त मे छोडल गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

एहितरे लक डाउन के उल्लंघन करके सञ्चालन कईल ३३ गो मोटरसाइकल, ३ गो गाडी, मिनी ट्रक आ ट्याक्टर १÷१ गो नियन्त्रण मे लेके राखल पुलीस जनवले बा । उ सवारी धनी के १÷१ हजार जरिवाना करके अब फेनु लकडाउन उल्लंघन ना करेके शर्त मे छोडेके प्रशासन जनवले बा ।

अनावश्यक काम मे भी लकडाउन उल्लंघन करके सवारी साधन चलावे के क्रम बढला के बाद प्रशासन जरीवाना भी बेसी लेवेके निर्देशन देहले बा ।

मंगर के दिने ५ सय रोपेया जरीवाना लेहला के बाद बुध के दिने १ हजार जरिवाना लेके मात्र छोडेके प्रशासन निर्देशन देहले बा ।
पहिलका दिन के बराबरी मे दुसरका दिन लक डाउन प्रभावकारी देखल गईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।

“स्वास्थ्य, औषधी, सुरक्षा, खाद्यवस्तु, खानेपानी, दुध, विद्युत, बैंक, दूरसञ्चार, भन्सार, फोहरमैला व्यवस्थापन तथा जिल्ला प्रशासन कार्यालय से अनुमति प्राप्त कईल सवारी साधनसब चलल ।

आउर साधनसब खासे ना चलल,” कहत बस्नेत, “पहिलका दिन के बराबरी मे दुसरका दिन नागरिक के सहजोग बढिया मिलल हमनी बुझले बानी ।”
कन्टेनर मे आईल ५२ जने क्वारेन्टाइन मे
नेपाल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण के उच्च जोखिम मे बा ।

तसर्थ बेमारी के संक्रमण फईले ना देवे खातिर नेपाल सरकार मन्त्रिपरिषद् के चईत ९ गते बईठल बईठक से संक्रामक रोग ऐन, २०२० के दफा २ से देहल अधिकार प्रयोग करके ओकर रोकथाम आ निर्मूल करे खातिर एक हप्ता लकडाउन करेके निर्णय कईले रहे ।

चईत ११ गते सबेरे ६ बजे से २०७६ चईत १८ गते सबेरे ६ बजे तक नेपालभर लकडाउन कईल बा ।
लकडाउन घोषणा भईल अवस्था मे ५२ यात्री सहित काठमाण्डु से ना.५ ख ९५५२ नम्बर के कन्टेनर वीरगंज आईल रहे ।

कन्टेनर मे लुकाके आईल यात्रीलोग के क्वारेन्टाइन मे राख के स्वास्थ्य चेकजााच कर रहल प्रशासन जनवले बा । स्वास्थ्य जाँच के बाद क्वारेन्टाइन मे राखेके भा होम क्वारेन्टाइन मे रहेवाला किसिम से आफन्त के जिम्मा लगावे के कहके सम्बन्ध मे निर्णय करेके सहायक प्रजिअ बस्नेत जानकारी देहनी ।
सबेरे ५ बजे घण्टाघर लगे से नेपाल पुलीस से नियन्त्रण मे लेहल कन्टेनर मे चालक सहित ४९ जने पुरुष, १ जने जनानी आ ३ जने लइकालइकी करके ५३ जने रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।