पानी प्रशोधन केन्द्र के पोखरा मे डुब के एक जने के मृत्यु

वीरगंज १२ चईत,
वीरगंज महानगरपालिका–१ छपकैया नयाँ बस्तीस्थित वेष्ट वाटर ट्रिटमेन्ट प्लाण्ट के पोखरा मे डुब के एक जने के मृत्यु भईल बा ।
कालिका कन्ट्रक्सन मे कार्यरत छपकैया घर भईल वेल्डिङ के काम करेवाला ५५ बरीस के राजेन्द्र साह सोनार के मृत्यु भईल बा ।
महानगर भितर के घर आ नाला से उत्सर्जन होखेवाला फुहर पानी प्रशोधन के खातिर महानगरपालिका नयाँवस्ती मे ट्रिटमेण्ट प्लान्ट बनवले बा ।
ट्रिटमेन्ट प्लान्ट मे पानी जम्मा आ प्रशोधन के खातिर ४ गो पोखरा खोनल गईल बा । ट्रिटमेन्ट प्लान्ट के सुपरभाइजर गोविन्द चिमोरिया के मुताविक बुध के दिने दुपहरिया १२ बजे के समय मे राजेन्द्र प्लान्ट क्षेत्र मे प्रवेश कईले रहलन ।
मंगर से हि काम बन्द भईला के चलते उहाँ आउर केहु भी नारहलन । मोबाइल मे रेडियो बाज रहल, चप्पल भी सँगे देखल गईल माकिर सोनार ना देखल गईला के बाद उनकर खोजी शुरु भईल रहे ।
वेष्ट वाटर ट्रिटमेन्ट प्लान्ट के ३० फिट गहिर पोखरा मे सोनार के लास मिलल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक निर्मल पनेरु जानकारी देहनी ।
सुर्ती के डिब्बा गिरल आ निकाले के समय मे उ डुबल हो सकेके प्रारम्भिक अनुमान पुलीस के बा ।
“पोखरा मे सुती के डिबा भी मिलल बा । सुर्ती बनावे के समय मे डिबा गिरल आ निकाले जाएके समय मे उ डुबल हो सकेके अनुमान कईल गईल बा” कहत उ, “आउर अनुसन्धान कर रहल बानीसन् ।”
पोखरा मे आदमी डुबल बारेमे पुलीस के २ बजे के समय मे खबर मिलल रहे । नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुलीस, स्थानीय बासिन्दा मिल के पौने ४ बजे के समय मे पोखरा से लास निकलले रहलन । सोनार के लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।






