लरकोर मातारी के लगावेवाला सुई बच्चा के लगईला के बाद

बारा १२ चईत,
बारा के कलैया स्थित जिल्ला अस्पताल मे नर्स लरकोर मातारी के लगावेवाला सुइ बच्चा के लगावल घटना बाहर आईल बा । कलैया अस्पताल मे करार मे कार्यरत नर्स अंजुमा खातुन लरकोर मातारी के लगावेवाला सुई नवजात बच्चा के लगईले बाडि ।
नर्स खातुन बारा के फेंटा गाँवपालिका ६ पुरैनिया के २४ बरीस के सुत्केरी रिजवानी खातुन के सुइ ना लगा के नवजात बच्चा के सुइ लगईले बानी । रक्त समूह निगेटिभ भईल सुत्करी मातारी के देवेवाला एन्टी डी नाम के सुइ, नर्स खातुन मातारी के लगावे के बदले शिशु के लगईले बाडि ।
रिजवानी मंगर के सबेरे कलैया अस्पताल मे बेटी के जन्म देहला के बाद नर्स भुलवश लरकोर के देवेवाला सुइ बच्चा के देहल अस्पताल जनवले बा । कलैया अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट वीरेन्द्र मण्डल भुलवश लरकोर के देवेवाला सुइ बच्चा के लगावल स्वीकार कईले बानी ।
नर्स अंजुम खातुन बुध के दिने दिन के दु बजे डयु्टि मे अईला के बाद ई बारे मे विस्तृत जानकारी देवेके उ बतवनी । खातुन जन्म देहल नवजात शीशु के ईलाज वीरगंज मे हो रहल आ अवस्था सामान्य रहल मेसु मण्डल बतवनी ।
रक्त समूह निगेटिभ भईल मातारी के दोसर बच्चा जन्मईला पर बच्चा जिवित जन्माओस् कहके बच्चा जन्मावल समय एनटी डी सुइ लगावल जाला । उल्था ः अन्नपूर्ण






