सखुवा प्रसौनी मे सहकारी खोललख तरकारी बिक्री केन्द्र

वीरगंज १३ चईत,

लकडाउन के चलते किसान से तरकारी बेंचे ना मिलल आ उपभोक्ता से खरिद करे ना मिलला के बाद सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका–५ महुवन के सहास साना किसान कृषि सहकारी संस्था किसान लोग से तरकारी संकलन करके बेंचे लागल बा ।

सरकारी स्थानीय महुवन प्रहरी चौकी के समन्वय मे “बिक्री केन्द्र” खोलले बा । पुलीस चौकी के लगे खोलल गईल बिक्री केन्द्र सञ्चालन के जिम्मा लेखापाल सन्तोष बर्णवाल के देहल गईल बा । दु दिन से केन्द्र से तरकारी बेंचल जा रहल बा ।

केराव ५०, भण्टा ४० आ कोभी ५० रोपेया मे बिक्री हो रहल बर्णवाल जनवले बानी । केन्द्र मे रामनगरी, एकडरा, लखनपुर, बलुवा, सोलखपुर, गुलवरिया, महुवन लगायत के क्षेत्र से आदमीसब तरकारी खरिद करे आ रहल बाडन ।

सदस्य से उत्पादन कईल तरकारी बेकार ना जाओस आ उपभोक्ता के जरुरत भी पूरा होखो कहके बिक्री केन्द्र खोलल गईल अध्यक्ष नरेश जयसवाल जानकारी देहनी ।

“लक डाउन के चलते सदस्य किसान से उत्पादन कईल तरकारी बजार लेजाए नइखे मिलल, आ उपभोक्ता भी सहज रुप मे तरकारी किन के खाए नइखन सकल,” कहत अध्यक्ष जयसवाल, “दुनु समस्या के समाधान के खातिर तरकारी बिक्री केन्द्र खोलल गईल बा ।

सदस्य से तरकारी संकलन करके लियावल जाई, कोरोना भाइरस के संक्रमण के जोखिम के ध्यान मे राख के भिडभाड ना होखेवाला किसिम से बिक्री कईल जाई ।” सहकारी मे चार सय ३ जने जनानी सहित ४१७ जने सदस्य आबद्ध बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।