“खाद्यान्न उद्योग सञ्चालन करेके वातावरण बनो”: संघ के निहोरा

वीरगंज १५ चईत,

कोरोना भाइरस के (कोभिड–१९) संक्रमण फईले ना देवे खातिर देशभर लकडाउन कईल बा । तीनु तह के सरकार दैनिक उपभोग्य सामान के आपूर्ति मे कउनो समस्या ना आवेके कहला पर भी व्यवहार मे ओईसन नइखे देखल गईल ।

लकडाउन के चलते दैनिक जीवन मे जरुरी चाउर, दाल, तेल उत्पादन करेवाला उद्योग पाँच दिन से बन्द बा । उद्योग मे मौज्दात रहल सामान ढुवानी करेवाला साधन के भी कमी बा । नेपाल चाउर, तेल, दाल उद्योग संघ अत्यावश्यकीय सामान उत्पादन करेवाला उद्योग सञ्चालन मे लियावे के वातावरण मिलावे खातिर सरकार से निहोरा कईले बा ।

संघ अध्यक्ष सुवोधकुमार गुप्ता प्रेस विज्ञप्ती जारी करत लकडाउन समय भर उपभोक्ता के खाद्यान्न सहज रुप मे मिलेके वातावरण बनावे खातिर उद्योग सञ्चालन मे लियावे के तर्क कईले बानी ।

कर्मचारी, श्रमिक मजदुर के स्वास्थ्य के ध्यान मे राख के सेनिटाइजर, मास्क, सोसियल डिस्टेन्स लगायत सुविधा उपलब्ध कराके उद्योग सञ्चालन मे लियावे के उद्योगीलोग बतवले बाडन ।

“चाउर, दाल, तेल दैनिक जीवन मे जरुरी खाद्य सामानसब ह । पाँच दिन से खाद्य उद्योग मे उत्पादन ढुवानी बन्द भईल बा,” कहत गुप्ता, “संघ, प्रदेश आ स्थानीय सरकार के सहजोग मे उद्योग निरन्तर सञ्चालन मे लियावल जरुरी बा । सुरक्षा सतर्कता आ जरुरी सावधानी अपनावे खातिर हमनी तइयार बानी ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।