उच्च मनोबल से मात्र कोरोना विरुद्ध के लडाईं जितल जाई : अध्यक्ष दाहाल

काठमाण्डु १५ चईत,
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ नेपाल सरकार आ आमजनता से कोरोना विरुद्ध के लडाईं मे देखावल सावधानी उपर धन्यवाद देत आउर सतर्क होखे खातिर निहोरा कईले बानी ।
अध्यक्ष दाहाल आजु एगो भिडियो सन्देश देत विश्व के हि चुनौती देहल ई महामारी से हमनी जलदी मुक्त होखेके आ मानव जात तथा राष्ट्र के एकता आ उच्च मनोबल से हमनी विजयी होखेके दृढ विश्वास भी व्यक्त कईले बानी ।
सरकार कोरोना नियन्त्रण मे अपनावल सार्थक प्रयास के विशेष धन्यवाद देत उ कहनी कि, “विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन भी नेपाल के उच्च जोखिम मे रहल देश के रूप मे चित्रण कईल सन्दर्भ मे हम नेपाल सरकार, प्रदेश सरकार आ स्थानीय सरकार तथा नेकपा के सभी तह के नेता तथा कार्यकर्ता के स्वयंसेवी के रूप मे ई सङ्कट के समय मे परिचालित होखेके आ कोरोना विरुद्ध के लडार्इं मे सावधानीपूर्वक नेतृत्व करे खातिर निहोरा करत बानी ।”
कोरोना भाइरस के चलते आजु तक संसारभर के करिब छ लाख आदमी प्रभावित भईल बाडन आ २७ हजार बेसी के मृत्यु भईल बा । विश्व महामारी के चलते निधन भईल नागरिक उपर श्रद्धाञ्जलि व्यक्त करत अध्यक्ष दाहाल शोक सन्तप्त परिवार उपर समवेदना प्रकट कईले बानी ।
नेपाल सङ्क्रमण भईल नागरिक के शीघ्र स्वास्थ्यलाभ के कामना करत अध्यक्ष दाहाल विश्वव्यापी महामारी बनल कोरोना जईसन घातक भाइरस विरुद्ध सचेततापूर्वक सावधानी अपनावे खातिर भी निहोरा कईले बानी ।
उ अगाडि कहनी कि, “सचेत नागरिक आ आमसञ्चारमाध्यम के जिम्मेवारपूर्ण आ सचेततापूर्वक के पहल एवं शिक्षा से हि जोखिम मे परे से बाँचल जा सकता कहके तथ्य के गहिरो तरिका से आत्मसात् करे खातिर भी निहोरा करत बानी ।”
अध्यक्ष दाहाल कोभिड–१९ के सङ्क्रमणविरुद्ध विजय प्राप्त करे खातिर नेपाल सरकार आ विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन से जारी कईल आधिकारिक निर्देशन तथा आचारसंहिता के पालना करत हरेक नागरिक आ परिवार से घर मे रहके आपन आ आपन परिवार के अमूल्य जीवन रक्षा करके आ ओकरा ओरी देश आ दुनियाँ के रक्षा मे योगदान करे खातिर सभी से निहोरा करत बानी ।
कोरोना भाइरसविरुद्ध के लडाईं के अग्रमोर्चा मे रहके जोखिम उठावेवाला चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षा निकाय के मनोबल उच्च राखे खातिर सातु प्रदेश मे उपकरण के व्यवस्था मे राज्य के ओरी से आउर जोड देहल जरुरी रहल उनकरक हनाम बा । अध्यक्ष दाहाल कहनी कि, “दैनिक ज्याला करके जीविकोपार्जन करेके निम्न वर्गीय श्रमजीवी जनता के खाद्यान्न लगायत के व्यवस्थापन मे जरुरी राहत आ विशेष सहजोग के प्याकेज निर्माण मे सरकार के ध्यान जाई ।”
उ सङ्कट के ई अवस्था मे गरिब, असहाय के सहजोग मे मुट्ठी खोलेके, निजी क्षेत्र के व्यवसायी से भी निहोरा कईले बानी । अध्यक्ष दाहाल व्यक्तिगत रूप मे साबुन पानी से हाथ धोवेके भा स्यानिटाइजर के प्रयोग करेके, हाथ ना मिलावेके, हाच्छिउँ कईला पर रुमाल के प्रयोग करेके, जरुरत मुताविक मास्क प्रयोग करेके कआ सरकार से घोषणा कईल लकडाउन के पालना करत घर मे रहेके आ अनुशासन मे रहे खातिर आमजनसमुदाय से निहोरा कईले बानी ।
उ कहनी कि, “चिकित्सक के मुताविक बेसी बोखार, थकान आ श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला पर कोरोना के परीक्षण करेके पडि ।” आजु तक चार जने नेपाली मे उ बेमारी के सङ्क्रमण देखल गईल आ उलोग के स्थिति सामान्य रहला से हडबडाए के अवस्था ना भईला पर भी चीन, कोरिया, इटाली, अमेरिका जईसन देश से पाठ सिख के उच्च सकर्तकता अपनावे खातिर विशेष ध्यान देवेके बतवले बानी ।
कोरोनाविरुद्ध के मोर्चा मे अग्रपङ्ति मे रहके क्रियाशील होखेवाला स्वास्थ्यकर्मी, सुरक्षाकर्मी, कर्मचारी आ आमसञ्चारकर्मी के क्रियाशीलता के अध्यक्ष दाहाल उच्च प्रशंसा कईले बानी । उ कहनी कि, “आमसञ्चारमाध्यम से यथोचित आ संयमित होके यथोचित सूचना आ स्वास्थ्य शिक्षा जनता मे पुगावे के काम के सबसे बेसी ध्यान देहेम कहके हमर विश्वास बा ।”






