कोभिड–१९ के संक्रमण रोके खातिर मध्य तराई के सरोकारवाला एकजुट

वीरगंज १६ चईत,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण फईले ना देवे खातिर भारत लगायत आउर देश से नेपाल आईल के पहिचान तथा सुरक्षित व्यवस्थापन के विषय मे नेपाली सेना तीन जिल्ला के जनप्रतिनिधि तथा सुरक्षा अधिकारीलोग सँगे छलफल कईले बाडन ।
बारा के परवानीपुरस्थित नेपाली सेना के २२ नम्बर बाहिनी बारा, पर्सा आ रौतहट जिल्ला के सुरक्षा प्रमुख, सेना के अधिकारी एवं स्थानीय निकाय के प्रमुख तथा सरकारी अस्पताल के प्रमुख तथा प्रतिनिधि से छलफल कईले बा । बईठक मे कोभिड–१९ के संक्रमण के वर्तमान अवस्था, आवे सकेवाला चुनौती, समाधान के उपाय आ सरोकारवाला के जिम्मेवारी के बारे मे छलफल भईल बईठक मे सहभागी अधिकारीलोग बतवले बाडन ।
बईठक मे कोभिड–१९ के संक्रमण फेज वान से टू ओरी जारहल समय रणनीति, कोरोना संक्रमण फईले ना देवे खातिर का करेके ? जिल्ला मे विद्यमान सेवा सुविधा आ जिम्मेवारी के बारे मे छलफल भईल रहे । “कउनो जिल्ला मे पूर्वाधार, जनशक्ति के अवस्था बढिया बा ।
कउनो स्थानीय निकाय बढिया काम कर रहल बाडन,” बईठक मे सहभागी एक अधिकारी, “अब कईसे अगाडि बढेके कहके बारेमे बईठक मे छलफल भईल बा ।” बईठक मे कोभिड–१९ संक्रमण के वर्तमान अवस्था तथा सम्भावित चुनौति के बारे मे नेपाली सेना के बाहिनीपति अनुप जंग थापा जानकारी करवले रहनी ।
“बाहर से आईललोग से संक्रमण फईले के सम्भावना बेसी देखल गईल बा । संक्रमण के चेन ब्रेक करे खातिर ओईसन आदमी के पहिचान करके निगरानी मे राखेके पडि,” बाहिनीपति थापा कहनी कि, “एकरा खातिर सभी सरोकारवाला निकायबीच समन्वय जरुरी बा ।”
संक्रमण के चेन ब्रेक करे खातिर भारत तथा तिसरका देश से आईल शंकास्पद आदमी के पहिचान करके क्वारेनटाइन मे व्यवस्थापन कईला के साथे बेमारी के लक्षण देखल गईला मे ईलाज सुरु करेके बात मे अधिकारीलोग जोड देहले बाडन ।
बईठक मे सिमावर्ती तीन जिल्ला मे विदेश से आईल सूचि संकलन करेके, उलोग के स्वास्थ्य अवस्था के निगरानी करत सुरक्षित जगहा मे क्वारेन्टाइन करेके, जरुरत मुताविक सेना के ब्याक अप फोर्स के रुप मे परिचालन करत नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी एवं स्थानिय जनप्रतिधिलोग सहित के टोली स्थानीय निकाय मे परिचालन करेके निर्णय भईल वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी ।
“बाहर से आईल सूचि तइयार करे खातिर स्थानीय तह के कर्मचारी तथा जनप्रतिनीधिलोग परिचालन कईल जा सकता,” कहत उ, “सँगे लकडाउन के समय मे घर भितर बईठल सर्वसाधारण के उत्पन्न भईल समस्या समाधान के खातिर सुरक्षा निकाय के सहजोग जरुरी बा ।”
कोभिड–१९ के ईलाज मे खटल स्वास्थ्यकर्मीलोग के जीवन विमा आ ईलाज के खातिर जरुरी उपकरण के प्रबन्ध मिलावे खातिर स्थानीय सरकार तइयार रहल उ बतवनी ।






