रौतहट मे ८२ जने क्वारेन्टाइन मे

रौतहट १६ चईत,

रौतहट मे भारत लगायत आउर देश से फिर्ता आईल ८२ जने के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा । कोरोना भाइरस (कोभिड–१०) के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर अनेकन स्थानीय तह से निर्माण कईल क्वारेन्टाइन मे उलोग के राखल गईल रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी वासुदेव घिमिरे बतवनी ।

बाह्य देश से फिर्ता भईल आदमीसब के परिवार आ समाज से अलग करके सुरक्षित तबर से क्वारेन्टाइन मे रहेके व्यवस्था मिलावल गईल घिमिरे बतवनी ।

रौतहट के अनेकन स्थानीय तह अलग–अलग जगहा मे २१ गो भवन मे कुल पाँच सय १८ बेड के क्वारेन्टाइन निर्माण कईले बा । क्वारेन्टाइन मे रहल ८२ जने मेसे एक जने जनानी भी रहल प्रजिअ घिमिरे बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।