सञ्चार क्षेत्र लाय विशेष प्याकेज लियावे खातिर प्रेस युनियन के निहोरा

काठमाण्डु १७ चईत,

नेपाल प्रेस युनियन विश्वव्यापी महामारी के रुप मे फईलल कोभिड–१९ के सङ्क्रमण के चलते देश के सञ्चार क्षेत्र आ सञ्चारकर्मी भी प्रभावित भईल कहत विशेष राहत के प्याकेज लियावे खातिर सरकार के निहोरा कईले बा ।

युनियन के अध्यक्ष बद्री सिग्देल आजु एगो विज्ञप्ति मार्फत वर्तमान विषम परिस्थिति मे कुछ समय के खातिर बन्द भईल सञ्चारमाध्यम आ ओमे कार्यरत सञ्चारकर्मी के अवस्था के भी ध्यान मे राख के आर्थिक सहुलियत के कार्जक्रम लियावे के बतवले बानी ।

युनियन से राहत प्याकेज मे सञ्चारमाध्यम के नवीकरण शुल्क आ कर मे छुटलगायत प्रक्रिया भी समावेश करे खातिर सरकार के सुझाव देहले बा ।

“कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के चलते आपन जीवन जोखिम मे राख के आमजनता के सत्य, तथ्य आ विश्वसनीय सूचना सङ्कलन करके प्रवाह करेवाला सञ्चारकर्मी आ सञ्चार क्षेत्र भी ई समय समस्या मे पडल बाडन ।

सञ्चालन मे रहल सञ्चारमाध्यम मे कार्यरत सञ्चारकर्मी भी सुरक्षा के जरुरी उपकरण आ सामान के कमी मे जीवन के जोखिम सहके सूचना सङ्कलन आ सम्प्रेषण मे लागल बाडन”, विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

तत्काल सञ्चारमाध्यम आ सञ्चारकर्मी के खातिर राहत पुगावे के विशेष प्याकेज के घोषणा करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करावत अध्यक्ष सिग्देल दैनिक फिल्ड आ कार्यालय मे कार्यरत सञ्चारकर्मी के खातिर भी कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण से सुरक्षा के खातिर जरुरी स्वास्थ्य सामान तत्काल उपलब्ध करावे खातिर भी निहोरा कईले बानी ।

युनियन महामारी के विषम परिस्थिति मे सत्यतथ्य आ आधिकारिक सूचना मे आधारित समाचार सामान मात्र सम्प्रेषण करे खातिर निहोरा कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।