जितपुर सिमरा के मेयर पौडेल के काम सराहनीय रहल नगरबासी के कहनाम

पप्पु साह
जितपुर १८ चईत,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण न्यूनीकरण करे खातिर जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका नगर क्षेत्र मे किटनाशक दवाई (सोडियम हाइपोक्लोराइट) छिटल शुरुआत कईले बा ।
उपमहानगर बेसी भीडभाड होखेवाला जगहा मे किटनाशक दवाई छिटल सुरु कईल आ ई अभियान निरन्तर सञ्चालन होखेके जनावल गईल बा ।
जीतपुरसिमरा–२ , स्थित कोरोना के अस्थाई उपचार केन्द्र से शुरु कईल दवाई छिटेके अयिभान आजु जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख डा. कृष्ण पौडेल शुभारम्भ कईले रहनी । उ पियर (सुरक्षा) टोपी पहिन के सडक मे दवाई छिटेके काम के शुभारम्भ कईले बानी ।
कोरोना भाइरस के सङ्क्रमण के महानगर क्षेत्र भितर फईले ना देवे खातिर किटनाशक दवाई छिटल सुरु कईल आ महानगर क्षेत्र के भीडभाड होखेवाला जगहासब, अस्पताल, सेवाग्राही बेसी आवेवाला सरकारी कार्यालय, लगायत के जगहासब मे किटनासक दवाई छिटल सुरु कईल मेयर पौडेल बतवनी ।
जरुरी काम बाहेक बाहर ना निकलेके आ सरकार से सुरु कईल कोरोना रोकथाम आ नियन्त्रण के अभियान मे सहजोग करे खातिर नगरबासी से निहोरा कईले बानी । जारी लकडाउन के पूर्ण पालना करेके आ कउनो भी बहाना मे अवज्ञा ना करे खातिर प्रमुख पौडेल नगरवासी से निहोरा कईले बानी ।
पहिलका चरण मे २०० लिटर उ किटनासक दवाई लिया के छिटेके काम सुरु कईल आ जरुरत मुताविक किन के मुख्य स्थान मे किटनासक दवाई छिटेके उपमहानगर स्वास्थ्य महाशाखा जानकारी देहले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी प्रमुख गोबिन्द पुरी आजु सिमरा सहित अमलेखगन्ज, डुमरवान, जीतपुर लगायत के सडक क्षेत्र मे दवाई छिटेके जानकारी देहनी ।
उपमहानगर कोरोना के सम्भावित सङ्क्रमण रोकथाम के खातिर सिमरा स्थित १०० बेड क्षमता के क्वारेन्टाइन अस्पताल भी बनवले बा ।
एहितरे वैदेशिक रोजगारी से अभी फिर्ताआईल लोग के नगर के सभी वार्ड मे तथ्याङ्क सङ्कलन शुरु कईल भी उपमहानगर जनवले बा । उपमहानगरपालिका कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण कोष (५० लाख) स्थापना भी कईले बा ।






