बिन्दवासीनी के २५० विपन्न परिवार के राहत बाँटल गईल

वीरगंज १९ चईत,
पर्सा के बिन्दवासीनी गाँवपालिका वार्ड नं १ आ २ गर्दौल मे २ सय ५० जने विपन्न परिवार के राहत बाँटल गईल बा । स्थानीय समाजसेवी प्रमोद तिवारी लकडाउन से प्रभावित २ सय ५० जने के राहत सामान बँटले बानी ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर सरकार से घोषणा कईल लकडाउन मे विपन्न वर्ग के छाक टारेके समस्या भईल सिकाईत अईला के बाद राहत सामान बाँटल गईल उ बतवनी ।
प्रति परिवार १२ किलो ५ सय ग्राम चाउर, एक किलो नुन, एक पाउ सोयाविन बाँटल गईल रहे ।
पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका –५ महुवन मे लकडाउन से प्रभावित १० परिवार के भी राहत बाँटल गईल बा । बहुते विपन्न दलित समुदाय के १० परिवार के लकडाउन समय भर के खातिर पुगेके खाद्यान्न बाँटल गईल बा ।






