पर्सा आ बारा मे लकडाउन उल्लंघन करेवाला ९४ जने पकडईलें

वीरगंज २० चईत,
पर्सा आ बारा मे लकडाउन उल्लंघन करेवाला ९४ जने के पुलीस हिरासत मे लेहले बा । काम ना भईला पर भी घर बाहर निकलल उलोग के अनेकन जगहा से नियन्त्रण मे लेहल पुलीस जनवले बा ।
पर्सा मे ६० जने के नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक वीरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
पुलीस लकडाउन उल्लंघन करेवाला के दु तीन घण्टा खडा करा के मात्र छोडले बा । नियन्त्रण मे लेहल मेसे ५६ जने के होल्ड मे राख के छोडल गईल आ बाँकी ४ जने के भी छोडेके तइयारी हो रहल डीएसपी शाही जानकारी देहनी ।
लकडाउन के उल्लंघन कईल ६४ गो मोटरसाइकल आ एगो मिनी ट्रक भी पर्सा मे पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । सवारीधनी से जरिवाना तिर के ५ गो मोटरसाइकल लेगईल बाडन ।
बारा मे पुलीस लकडाउन उल्लंघन करेवाला ३४ जने के हिरासत मे लेहले बा । संक्रामक रोग ऐन २०२० बमोजिम जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जरिवाना लेके उलोग के छोडले बा ।
जिल्ला के अनेकन जगहा मे लकडाउन उल्लंघन करके सञ्चालन कईल ६३ गो मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेके सवारीधनी से जरिवाना लेके छोडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।






