मटिअर्वा के जलसा स्थगित

प्रभु यादव
बारा २० चईत,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १० के मटिअर्वा निलकण्ठवा मे होखेवाला जालसा स्थगित भईल बा ।
बैशाख महिना के २ आ ३ गते होखेवाला जालसा अनिश्चित समय के खातिर स्थगित कईल गईल जालासा के संयोजक आबिद हुसैन अंसारी जानकारी देहले बानी । विश्व मे फईलल कोरोना भाईरस के महामारी के रोकेला सरकार से कईल गईल लकडाउन के पालना करत भिडभाड ना होखे देवे के भईला से स्थगित कईल गईल बा ।
जालसा के पूरा तयारी होगईल रहल माकिर सभे जनता सब मे नजदिक भईला से कोरोना भाईरस फैलेवाला भईला से ओकर ध्यान देत स्थगित कईल गईल अंसारी जनकारी करावले बानी ।
यतिमखाना इस्लामिक दारूल उलुम कलैया के आयोजना मे होखेवाला तिसरा दोरोजा जालसा कोरोना भाईरस महामारी के समस्या समाधान भईला वाद फेरसे समय बना के करे के समय देहल जाये के जनावले बा ।






