रोजगारी सिर्जना करेवाला कार्जक्रम आवो : अर्थविद

काठमाण्डु २१ चईत,

राष्ट्रिय योजना आयोग के पूर्वउपाध्यक्ष तथा अर्थविद्लोग कोरोना से प्रभावित बनल अर्थतन्त्र के जोगावे खातिर रोजगारी सिर्जना करेके कार्जक्रम जरुरी रहल बतावल गईल बा ।

शुक के दिने कोरोना संकट के बारे मे अर्थमन्त्री डा. युवराज खतिवडा से आयोजना कईल छलफल मे सहभागी विज्ञलोग अईसन सुझाव देहले बाडन । पूर्वउपाध्यक्ष तथा विज्ञलोग दैनिक ज्यालादारी काम करेवाला श्रमिक के खातिर राहत लियावे के भी सुझाव देहले बाडन ।

राष्ट्रिय योजना आयोग के पूर्वउपाध्यक्ष डा. शंकर शर्मा, डा. जगदीशचन्द्र पोखरेल, डा. दिनेशचन्द्र देवकोटा, डा. स्वर्णीम वाग्ले आ डा. मीनबहादुर श्रेष्ठ, स्वास्थ्य विज्ञ डा. अर्जुन कार्की लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
उलोग सरकार कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर सुरु कईल प्रयास आ उचित निर्णय से देश के आउर जोखिम से बँचावे मे सहज बनल बतवनी ।

पूर्वउपाध्यक्षलोग स्वदेश मे रोजगारी सिर्जना करेवाला किसिम से कार्जक्रम लियावे के, न्यून आय भईल आ दैनिक ज्यालादारी मे काम करेवाला आदमी के खानपान के खातिर समय मे राहत पुगावे खातिर ध्यान केन्द्रित करेके बिचार रखनी ।

सामाजिक सुरक्षा मे ध्यान देत सुरक्षाकर्मी, स्वास्थ्यकर्मी, कर्मचारी, जनप्रतिनिधि के मनोबल बढावे के उलोग के सुझाव बा । आवेवाला बजेट मे स्वास्थ्य, शिक्षा आ कृषि क्षेत्र मे बेसी जोड देवे खातिर विज्ञलोग सुझाव देहले बाडन ।

उ अवसर मे अर्थ एवं सञ्चार तथा सूचना प्रविधि मन्त्री डा. युवराज खतिवडा कोरोना भाईरस के संक्रमण रोकथाम सरकार के मात्र ना होके सभी के साझा दायित्व भईल बतवले रहलन ।

अर्थमन्त्री डा. खतिवडा साझा समस्या के साझा रूप मे समाधान करेके समय आईल बतावत सभी जने आपन आपन क्षेत्र मे जिम्मेवार होखेके बिचार रखनी ।

मन्त्री डा. खतिवडा राष्ट्रिय सोच आ दृष्टिकोण के एकताबद्ध करत संघीय सरकार सभी राजनीतिक दल, सभी तह के सरकार आ निजी क्षेत्र से छलफल आ समन्वय करके कोरोना के सक्रमण रोकथाम तथा लक्षित वर्ग तक राहत पुगावे के काम के प्राथमिकता मे रखल बतवनी ।

सरकार समय मे हि चालल कदम के चलते अभी तक संक्रमित आदमी के संख्या कम रहल आ एकरा के अन्तर्राष्ट्रिय क्षेत्र से भी सह्राना कईल सन्दर्भ उल्लेख कइनी । संघीय संरचना मुताविक जनप्रतिनिधि के उपस्थिति से अभी कोरोना जोखिम न्यूनीकरण करेके कम सहज भईल बतवनी ।
अन्तर्राष्ट्रिय सीमा नाका से आउर जोखिम होखे ना देवे खातिर सीमा बन्द कईल उनकर कहनाम बा ।

नेपाल मे भईल विदेशी नागरिक के नेपाल सुरक्षा देवेके आ बिदेश मे रहल नेपाली नागरिक के उ देश सुरक्षा के साथ रहेवाला व्यवस्था मिलावे खातिर कूटनीतिक तह मे पहल भईल भी स्पष्ट कइनी । अभी कोरोना संक्रमण रोके खातिर जे जहाँ बा, उहें रहेके हि सब से उत्तम उपाय भईल बतवनी ।

मन्त्री डा. खतिवडा विश्वभर मानव जात के सुरक्षा पहिलका प्राथमिकता भईला से सभी पक्ष बिना स्वार्थ कोरोना न्यूनीकरण तथा रोकथाम मे लागेके बतवनी ।

कोरोना संक्रमण रुकला के बाद अर्थतन्त्र के चलायमान बनावे खातिर राष्ट्रिय योजना आयोग के उपाध्यक्ष के अध्यक्षता मे प्राविधिक विज्ञ भी संलग्न करके अध्ययन समिति गठन करेके जानकारी अर्थमन्त्री करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।