प्रदेश २ मे कोरोना के परीक्षण सुरु, आउर २ गो मेसिन किनल जाई

जनकपुरधाम २१ चईत,
प्रदेश २ के अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम से कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के परीक्षण सुरु भईल बा ।
प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे स्थापना कईल पीसीआर मेसिन से परीक्षण सुरु भईल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. नागेन्द्रप्रसाद यादव जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक, मेसिन जडान सँगे प्राविधिकलोग भी तइयारी अवस्था मे रहल बाडन ।
अब आवेवाला शंकास्पद आदमी के स्वाब लेके इहे परीक्षण करेके उ बतवनी । दैनिक १० गो तक स्याब परीक्षण करे सकेके उ जानकारी देहनी ।
मेसिन जडान कईला के बाद प्रदेश २ के सामाजिक विकासमन्त्री नवल किशोर साह आजु सबेरे निरीक्षण कईले रहलन । उ निरीक्षण कईला सँगे मेसिन सञ्चालन मे लियावल गईल बा । काठमाण्डु से ई मेसिन लियावे खातिर प्रदेश सरकार भ्यान काठमाण्डु पठवले रहे ।
जडान कईल मेसिन के निरीक्षण करत मन्त्री साह एकरा से प्रदेश के जनता के कुछ राहत पुगल विश्वास व्यक्त कइनी । उ आउर दु गो पीसीआर मेसिन खरिद करेके बतवनी । एकरा खातिर प्रक्रिया अगाडि बढावे के उ बतवनी ।
बियफे के दिने कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर गठित निर्देशक समिति प्रदेशभर मे कोरोना के परीक्षण करेके मेसिन पीसीआर थपेके निर्देशन देहल उ बतवनी ।
समिति के अध्यक्ष मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश मे दु गो मेसिनसहित ५० गो भेन्टिलेटर भी थपेके निर्देशन देहले रहनी । सामाजिक विकासमन्त्री साह खरिद होखेवाला दु गो मेसिन मेसे एगो राजविराज आ दोसर वीरगंज मे जोडेके जानकारी देहनी ।






