नेपाल चिकित्सक संघ नारायणीद्धारा आपन मागसब पुरा करे खातिर प्रदेश २ सरकार से निहोरा

वीरगंज २४ चईत,
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाईरस से नेपाल के भी विश्व स्वास्थ्य संगठन से जोखिम पूर्ण राष्ट्र के रुप मे घोषणा कईले बा ।
उहे समय मे नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी साखा वीरगंज के सचिव डा. उदय नारायण सिंह आजु एक विज्ञप्ति जारी करत कोरोना भाइरस के संक्रमण से बँचे आ बँचावे खातिर प्रदेश नं. २ सरकार समक्ष अनेकन मागसब कईले बाडन ।
बैज्ञानिक हिसाब से क्वारेन्टाईन तथा आईसोलेसन वेडसब के मूल्याकंन करके अलगे कोरोना अस्पताल बनावेके, कोरोना के हब अस्पताल के अवस्था पहिचान करके जरुरी स्तरोन्नति के खातिर पहल करेके, जरुरत आ जनघनत्व के आधार मे जलदी से कोरोना परिक्षण के व्यवस्था प्रदेश २ के सबसे बडका नारायणी अस्पताल मे करेके, स्तरिय पर्सनल प्रोटेक्टिभ ईकुपमेन्ट (एएभ्) के व्यवस्था करेके, संभावित कोरोना के मरेजी के ईलाज मे संलग्न स्वास्थ्यकर्मी के अलगे क्वारेन्टाईन मे राखेके व्यवस्था करेके लगायत के मागसब विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
नेपाल चिकित्सक संघ अभी के परिस्थिति मे आपन कर्तब्य निष्ठा पुर्बक करे मे रति भर भी पछाडि ना हटेके माकिर चिकित्सक तथा स्वास्थ्यकर्मीलोग के सुरक्षा के सभी ब्यवस्था सरोकारवाला निकायसब के करेके संघ के सदस्य दिलिप कुमार चौरसिया निहोरा कईले बानी ।






