बैशाख ३ तक लकडाउन के समय बढावे के सरकार के निर्णय

काठमाण्डु २४ चईत,

सरकार लकडाउन ८ दिन थप कईले बा । सोमार के दिने दुपहरिया ओराईल मन्त्रिपरिषद् के बईठक से बैशाख ३ तक लकडाउन बढावे के निर्णय कईले बा ।
लकडाउन के समय दुसरका बेर थपाईल बा । कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के दुसरका संक्रमित मिलला के बाद सरकार से चईत ११ से १८ गते सबेरे छ बजे तक के खातिर लकडाउन घोषणा कईले रहे ।

उ समय पुरा होखे से पहिले २५ गते तक थपाईल । माकिर, ई समय मे कोरोना संक्रमण स्थानीय स्तर मे मिलला के बाद सरकार एक स्थानीय तह से दोसर स्थानीय तह मे भी अवतजावत मे कडाइ कईले रहे ।
साथे, कोरोना रोकथाम सम्बन्धी उच्चस्तरीय समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक से लकडाउन के समय थप करेके सिफारिस कईले रहे ।

बालुवाटार मे बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली भी लकडाउन बढा के कडाई के साथ पालना करावे के बात मे जोड देहले रहनी । “लकडाउन सँगे ¥यापिड टेष्ट के तेजी देवेके पडि कहके उनकर जोड रहे”, एक मन्त्री कहनी । स्रोत के मुताविक बिहान हि प्रधानमन्त्री ओली देशबासी मे सम्बोधन करेके तइयारी कईले बाडन ।

कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण समन्वय समिति मे ना रहल मन्त्रीलोग के अतिरिक्त जिम्मेवारी देवेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

अर्थसहित सूचना तथा सञ्चार मन्त्रालय के भी जिम्मेवारी सम्हार रहल सरकार के प्रवक्ता युवराज खतिवडा के मुताविक, भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात व्यवस्थामन्त्री वसन्त नेम्वाङ के प्रदेश १ आ भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारणमन्त्री पद्मा अर्याल के गण्डकी प्रदेश से समन्वय करेके जिम्मा देहल गईल बा । वन तथा वातावरणमन्त्री शक्ति बस्नेत के कर्णाली प्रदेश सरकार से समन्वय करेके कहल गईल बा ।

प्रदेश नम्बर ५ से समन्वय करेके जिम्मा ऊर्जा तथा जलस्रोत मन्त्री वर्षमान पुन के देहल गईल बा आ श्रम, रोजगार तथा सामाजिक सुरक्षामन्त्री रामेश्वर राय यादव के प्रदेश २ से समन्वय करेके कहल गईल बा ।

खानेपानी तथा सरसफाइमन्त्री बिना मगर सुदूरपश्चिम सरकार से समन्वय करेके अधिकार देहल बा ।
संसद मे उपस्थिति दल से समन्वय करेके मन्त्री भी बईठक से तोकले बा ।

ई जिम्मेवारी कानून, न्याय तथा संसदीय मामिलामन्त्री शिवमाया तुम्बाहाम्फे के मिलल बा । जनानी लईकालइकी तथा जेष्ठ नागरिक मन्त्री पार्वत गुरुङ जनानी, लईकालइकी आ जेष्ठ नागरिकलोग के अवस्था के बारे मे जिम्मा मिलल बा आ युवा तथा खेलकुद मन्त्री जगत विश्वकमा स्वयंसेवक व्यवस्थापन करेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।