अवज्ञा तथा उलंघन करेवाला ९ भारतीय सहित १३ जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २५ चईत,

बारा जिल्ला प्रशासन कर्यालय से जारी भईल निषेधाज्ञा आदेश पालना ना करेवाला १३ जने के पुलिस पकडले बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका वडा नं. ३ स्थित सिसहनिया चोक मे भारत घर भईल चितवन जिल्ला स्थित ईट्टा उद्योग मे काम करेवाला ९ जने साईकल चलाके आईल अवस्था मे आ ४ जने नेपाली लोग के घुमफिर करे के अवस्था मे नियन्त्रण मे लेहल गईल पुलीस के बारा प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडल गईल ९ जने भारतिय लोग के कलैया अस्पताल मे आवश्यक चेकजाँच करा के कलैया उपमहानगरपालिका वडा नं.३ स्थित रहल शिक्षा तालिम केन्द्र के क्वारेन्टाईन मे पेठावल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

नेपाली ४ जने के संक्रामक रोग ऐन २०२० अनुसार कारवाही खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे पेठावल गईल बारा पुलीस जनकारी देहले बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय चारू जने के जरिवाना तिरवा के छोड देहले बा ।

अवज्ञा तथा उल्लघन करेवाला २५ गो मोटरसाइकल आ १ गो ट्रेक्टर के डकुमेन्ट गाडी समेत नियन्त्रण मे लेके जरिवाना कर के छोडल गईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्रा जनकारी देहनी ।

बारा जिल्ला मे अभि तक ९१ जने मर्दाना आ ४ जने जनानी कर के ९५ जने क्वारेनटाईन मे रहल मिश्रा जनकारी देहले बानी । होम क्वारेनटाईन मे १५ जने मर्दाना आ १० जने जनानी लोग कर के २५ जने रहल बारा पुलीस जानकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।