ख्रिष्टियन समाज वीरगंज–१४ मे राहत बँटलख

वीरगंज २५ चईत,

कोरोना भाइरस के संक्रमण नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर आहृवान कईल लकडाउन के चलते समस्या मे पडल ६० परिवार के राहत बाँटल गईल बा ।
ख्रिष्टियन समाज पर्सा वीरगंज महानगरपालिका–१४ मे समस्या मे पडल ६० जने के राहत बाँटल गईल बा ।

दैनिक ज्याला मजदुरी करके सबेरे सँझिया के छाक टारेके मजदुर तथा विपन्न समुदाय के आदमी के राहत बाँटल गईल समाज के महासचिव रामप्रसाद घिमिरे (प्रेम) जानकारी देहनी ।

उलोग के प्रति परिवार १० किलो चाउर, दाल आ नुन १÷१ किलो, आधा लिटर तोरी के तेल डेटल आ साबुन बाँटल गईल रहे । अ

घरलगायत निर्माण के काम मे खटेवाला मजदुर, रिक्सा चालक लकडाउन के चलते समस्या मे पडल जानकारी मिलला के बाद वार्ड कार्यालय सँगे के समन्वय मे राहत बाँटल गईल समाज के अध्यक्ष बाबुराम क्षेत्री बतवनी ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १४ के अध्यक्ष भरत कुर्मी के रोहबर मे राहत बाँटल गईल रहे । लकडाउन के चलते वास्तव मे समस्या मे पडल मजदुर आ विपन्न समुदाय के वार्ड भी राहत बाँटेके तइयारी कर रहल बा ।

एकरा से पहिले सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ११ मे दैनिक ज्याला मजदुरी करके जिविकोपार्जन करेवाला ४ सय परिवार के राहत बाँटल गईल वार्ड अध्यक्ष प्रधुम्न सेढाई जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।