पकहा मैनपुर मे राहत बाँटे खातिर सर्वदलिय बैठक पुरा

वीरगंज २७ चईत,

पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका मे आजु राहत बाँटे खातिर सर्वदलीय बईठक पुरा भईल बा ।
कोरोना (कोभिड–१९) भाइरस के चलते बिश्व भर फईलल महामारी के चलते आम जनजिवन कष्टकर बनत गईल बा ।

अईसे फईल रहल महामारि मे सरकार से आहवान कईल लकडाउन के पालन जन्ता करत आईल बाडन माकिर दैनिक काम करके जिवनयापन कर रहल परिवार मे समस्या देखल गईल बा ।

ई महामारी के समय मे केहु के अईसन दुःख झेलेके ना पडो आ राहत सामान जलदी सम्बधित परिवार तक पुगो कहके गाँवपालिका मे सर्वदलीय बईठक बईठल रहे ।

बईठक से पिडित परिवार मे राहत स्वरुप चाउर १० किलो, आलु २ किलो, प्याज १ किलो, मसुरदाल ५०० ग्राम, स्वयाबिन ५०० ग्राम, नुन १ किलो तेल ५०० ग्राम आ चाना ५०० ग्राम देवेके निर्णय भईल बा । गाँ

अध्यक्ष बिजय कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे बईठल बईठक मे प्रमुख प्रशाशकिय अधिकृत महेश प्रसाद सिंह, गाँवपालिका उपाध्यक्ष कुशुमी देवि, नेपाली काङ्ग्रेस के बिध्याकांत पाण्डे, सामाजवादी पार्टी के शिवपुजन चौरसिया, नेकपा तथा प्रदेश नं २ सदस्य तेज प्रकाश निषाद आ राजपा के गोविन्द प्रसाद यादव लगायत गाँवपालिका के सभी वार्ड अध्यक्षलोग के सहभागीता रहल रहे ।

उ बईठक मे उपस्तिथ सभी के मास्क, साबुन आ सेनेटाइजर भी देहल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।