परिवरीक संख्या अनुसार राहत बाटल गईल

प्रभु यादव
बारा २७ चईत
कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर २६ सिस्वा महेशपुर मे घर मे रहल परिवरीक संख्या के अधार पर राहत बाटल गईल ।
विश्व ब्यापी रूप मे फैइलल कोरोना भाइरस से बचेला सरकार से कईल गईल लकडाउन के पलना करे खातिर घर मे रहला से खाये ना पुगल लोग के राहत बाटल गईल वार्ड अध्यक्ष महेश साह जनकारी करावले बानी ।
छव जने रहल परिवार मे १५ किलो चामल , एक किलो दाल , तीन किलो अालु , एक किलो नुन आधा लिटर तेल देहल गईल अा अाठ संख्या भईल के चामल २० किलो , १० जने भईल के चामल २५ किलो आ १२ जने के संख्या मे रहल परिवार के चामल ३० किलो देहल गईल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।
तीन सय ९१ गो गरीब आ विपन्न परिवार रहल सर्वदलिये बैठक से निर्णय कर के राहत बाटल जारहल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । आपन वार्ड मे छुटल वास्तविक लोग के नामावली सक्लन कईल जारहल बा पुनह बैठक बैइठ के छलफल से देवे के निर्णय कईल जाये के साह जनकारी करावले बानी ।
वार्ड कार्यालय मे बाटल गईल राहत मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के श्यामबाबु यादव , नेपाली काग्रेस के शशिकान्त यादव , राजपा के विनोद यादव , सघिय साजवादी के मनोज पंडित , नेपाल प्रहरी के असई रामबुझावन चौधरी , शस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प बरियारपुर के हवलदार नरबहादुर रोक्या , वार्डकार्यालय के सचिव राकेश चौधरी , समाज सेवी भागरीत यादव , श्यामबाबु यादव , इसराइल मिया , जगत राम लगायत के सहभागिता रहल ।






