बारा मे गुणस्तरहीन राहत बाँटला मे कोल्ड स्टोर आ राईस मिल मे शिलबन्दी

बारा २९ चईत

राहत मे गुणस्तरहीन खाद्य सामान वितरण होखेके क्रम ना रुकला के बाद बारा मे पुलीस कारबाही सुरु कईले बा । उ समय मे शनिचर के दिने सबेरे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका स्थित एक कोल्ड स्टोर्स मे सिलबन्दी कईल बा ।

राहत के खातिर वितरण करे खातिर राखल तीन सय ८० बोरा दालसहित यादव कोल्ड स्टोर्स मे सिलबन्दी कईल बा । पूर्वसभासद राधेचन्द्र यादव के नाम मे रहल कोल्ड स्टोर्स मे दाल राखेवाला आदमी के बारे मे अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

कलैया वार्ड नं. २० बसतपुर मे वितरण भईल दाल गुणस्तरहीन भईल सिकाईत शुक के दिने सँझिया पुलीस समक्ष आईल रहे । पुलीस टोली जाके देखला पर दाल गुणस्तरहीन रहल आशंका करत वितरण मे रोक लगा के २५ बोरा नियन्त्रण मे लेहले रहे । कहाँ से किनल गईल बा ? कहके बारेमे अनुसन्धान के समय मे पुलीस यादव कोल्ड स्टोर्स के ठेगाना पत्ता लगवले रहे ।

कोल्ड स्टोर्स मे आउर तीन सय ८० बोरा दाल मिलला के बाद परीक्षण के खातिर नमुना लेके चेकजाँच के खातिर पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
“दाल के गुणस्तर परीक्षण के खातिर नमुना संकलन करके पठावल गईल बा । कोल्ड स्टोर्स मे सिलबन्दी कईल बा ।” कहत डीएसपी मिश्र ‘रिपोर्ट अइला के बाद गुणस्तरहीन मिलला पर खाद्य ऐन मुताविक कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल जाला ।’

वार्ड अध्यक्ष महम्मद इमामुद्दीन कहनी कि विपक्षी से राजनीति कईला के चलते राहत वितरण मे अवरोध उत्पन्न भईल सिकाईत कईले बानी । उ अब प्रशासन से वितरण करे खातिर अनुमति देहाल के बाद मात्र राहत वितरण करेके जानकारी देहनी ।

लकडाउन मे प्रभावित विपन्न वार्ड वासी के खातिर राहत वितरण करेके तइयारी होत रहे । दाल, आलु, नुन, तेल किनले रहनी, चाउर अभी भी आवेके बाकी बा,’ कहत उ, ‘वितरण करेके त दुर के बात समान जुटावल जा रहल बा । विपक्षी से प्रशासन मे उजुरी कईले रहनी, प्रमुख जिल्ला अधिकारी नमुना संकलन करके परीक्षण के खातिर पठवले बानी, अब नतिजा आके जउन आदेश होखी, उहे मुताविक अगाडि बढल जाई ।

जिल्ला के अनेकन जगहा से कम गुणस्तर के राहत सामान वितरण हो रहल सिकाईत अईला के बाद शुक के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर निर्देशन देहले रहे ।

प्रशासन कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं २० बसतपुर पुलीस चौकी मे रहल दाल के कुछ भाग किरा लागल तथा सडल देखल गईला से वितरण मे बन्देज करेके तथा खाद्यान्न जफत करके परीक्षण के खातिर नमुना संकलन करके पठावेके कहल गईल रहे ।

एहितरे, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं २२ से छ सय १५ जने के बाँटल गईल राहत खाद्य सामान मेसे करिब ५० परिवार के बाँटल गईल खाद्य सामान फिर्ता करे खातिर लगाके जफत करेके, ओकर बदला मे वार्ड से नयाँ चाउर के वितरण करेके व्यवस्था करावेके आ जफत कईल चाउर परीक्षण के खातिर नमुना संकलन करेके आदेश देहले रहे ।

ओतने मात्र ना कम गुणस्तर के खाद्य सामान बिक्री वितरण करेवाला दोकान के गोदाम, मिल आ स्टोर मे बिक्री करे खातिर राखल समान के भी गुणस्तर परीक्षण नतिजा ना आवे तक बेचबिखन करे ना मिलेवाला किसिम से सिलबन्दी करे खातिर पुलीस लिखित रुप मे निर्देशन देहले रहे ।
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित राहत बाँटेमे कमसल खाद्य वस्तु वितरण भईल सिकाईत अईला के बाद कारबाही सुरु कईल जानकारी देहनी ।

‘राहत बाँटला पर दाल चाउर कम गुणस्तर के, महकेवाला, किरा लागल, कुछ दाना सडल वितरण हो रहल सिकाईत आईल,’ कहत उ, ‘ओईसन खाद्य सामान जनता से खईला पर बिहान हैजा फईले सकेके सम्भावना रहे । दोसर महामारी फईले ना देवे खातिर कमसल खाद्य सामान बिक्री करे खातिर मिल, कारखाना, स्टोर, गोदाम मे सिलबन्दी करेके कहले बानी ।’
खाद्य सामान के रिपोर्ट के आधार मे सिलबन्दी खोलेके भा कानुनी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे के निर्णय मे पुगेके जानकारी उ देहनी ।

‘सिलबन्दी कईल जगहा मे भईल खाद्य बस्तु के नमुना संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल जाई । खाए योग्य बा कहके रिपोर्ट अईला पर सिलबन्दी खोलेके, ना त कानुन बमोजिम कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल जाई’ प्रजिअ पण्डित कहनी ।
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं १७ जैतापुर मे भी कम गुणस्तर के खाद्य सामान राहत स्वरुप बाँटल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।