भरुवा बन्दुक सहित दु जने पकडईलें

जनकपुरधाम ३० चईत,

बारुद भरल भरुवा बन्दुक सहित धनुषा के मिथिला नगरपालिका ४ स्थित पुष्पलपुर से एतवार के दिने दु जने पकडाईल बाडन ।

ज.१२ प १११५ नम्बर के पल्सर मोटरसाइकल मे सवार उलोग के एक थान भरुवा बन्दुक सहित पकडल गईल धनुषा पुलीस जनवले बा ।

पकडाएवाला मे मिथिला नगरपालिका ४ रहेवाला २६ बरीस के सरोजकुमार महतो आ ४४ बरीस के राजकुमार लामा बाडन । दुनु के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा मे राखल गईल बा ।

धनुषा पुलीस के प्रबक्ता एवं डीएसपी रामेश्वर कार्की दुनु जने विरुद्व हाथहथियार खरखजाना मुद्दा मे धनुषा जिल्ला अदालत से म्याद थप करके आउर अनुसन्धान हो रहल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।