बिहान सबेरे ८ बजे राष्ट्रिय गान गाईंं, ताली बजाईं : प्रधानमन्त्री

काठमाण्डु २० चईत
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली चिकिसत्क, नर्स तथा जरुरी सेवा मे खटललोग के सम्मान मे बिहान राष्ट्रिय गान गावेके आ ताली बजावे खातिर आह्वान कईले बानी ।
ई संयुक्त राष्ट्रसंघ ग्लोबल कम्प्याक्ट नेपाल से अगाडि बढावल कार्जक्रम ह, जउना मे प्रधानमन्त्री ओली भी समर्थन कईले बाडन । ग्लोबल कम्प्याक्ट नेपाल बिहान नयाँ बरीस के दिन सबेरे ८ बजे घर के छत भा झाल से राष्ट्रिय गान गावे खातिर निहोरा कईले बानी । ओकरा बाद सभी से एक साथ ताली बजावे खातिर आह्वान बा ।
प्रधानमन्त्री ओली भी ई अभियान खुद के बढिया लागल कहत सहभागी होखे खातिर निहोरा कईले बानी । उ ट्वीट करत कहले बानी, ग्लोबल कम्प्याक्ट नेपाल के निहोरा हमरा बढिया लागल । ई कार्जक्रम मे सामेल होखे खातिर सभी से निहोरा करत बानी ।’






