सभामुख, अध्यक्ष आ कानूनमन्त्री बीच छलफल

काठमाण्डु, ३० चईत

सभामुख अग्निप्रसाद सापकोटा, राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष गणेशप्रसाद तिमिल्सिना आ कानून, न्याय तथा संसदीय मामिलामन्त्री डा शिवमाया तुम्बाहाङफे बीच देश के समसामयिक विषय मे छलफल भईल बा ।

सभामुख के कार्यकक्ष सिंहदरबार मे आजु भईल छलफल कोरोना भाइरस के चलते उत्पन्न विषम परिस्थिति, सरकार से चालल कदमसब आ सङ्घीय संसद् से खेले सकेवाला भूमिका के विषय मे केन्द्रित रहल सभामुख के सचिवालय जनवले बा ।

छलफल मे सभामुुख सापकोटा आ अध्यक्ष तिमिल्सिना सरकार से कोरोना सङ्क्रमण रोकथाम आ नियन्त्रण मे कर रहल कामसब उपयुक्त रहल बतावत एकर प्रभावकारी कार्यान्वयन के खातिर समन्वयकारी भूमिका खेले खातिर सुुझाव देहले रहनी ।

उलोग कम आय भईल, दैनिक ज्यालादारी मजदूर के विषय मे गम्भीर होखेके आ स्वास्थ्य सामान के कमी होखे ना देवे खातिर भी सरकार के सुुझाव देहले रहनी । कानूनमन्त्री तुम्बाहाङफे के इहे चईत २४ गते बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से संसद् मे प्रतिनिधित्व करेवाला दलसब से समन्वय करेके जिम्मेवारी देहले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।