प्रदेश २ के आउर २० जने आइसोलेसन मे परीक्षण के खातिर नमूना पठावल गईल
जनकपुरधाम २ वैशाख,
प्रदेश २ मे कोरोना के आशंका मे २० जने के आइसोलेसन मे राखल गईल बा ।
प्रदेश सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक, सब से बेसी बारा जिल्ला के १४ जने मे कोरोना आशंका करत आइसोलेसनस मे राखल गईल बा ।
मन्त्रालय के सचिव रामप्रसाद घिमिरे नियमित मिडिया ब्रिफिङ के समय मे मंगर के दिने उ जानकारी करवले बाडन । घिमिरे बारा सदरमुकाम कलैया स्थित अस्पताल मे १४ जने के आइसोलेसन मे राखल गईल बा ।
एहितरे सिराहा के महेन्द्र गेनाई अस्पताल के आइसोलेसन मे ५ जने तथा प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के आइसोलेसन मे १ जने के भर्ना कईल बा । सचिव घिमिरे उलोग के स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल जानकारी देहनी ।
‘जनकपुर मे भईल पीसीआर मेसिन के क्षमता कम भईला से उलोग के स्वाब संकलन करके काठमाण्डु पठावल गईल बा ’ कहके बतवनी ।
अभी तक प्रदेश मे चार जने संक्रमित देखाई देहल बतावत उ सभी के वीरगंजस्थित नारायणी उप क्षेत्रीय अस्पताल के आइसोलेसन मे राख के ईलाज हो रहल बा ।





