अध्यक्ष राणाद्वारा सीमा नाका मे आउर कडाई करे खातिर सुझाव

काठमाण्डु २ वैशाख,
राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) के अध्यक्ष पशुपति शमशेर राणा भारतीय सीमाना से चोरालुका के नेपाल प्रवेश करेके क्रम तुरुन्त नियन्त्रण करेके बतवले बानी ।
कोरोना भाइरस के संक्रमण नियन्त्रण करे खातिर प्रयास मे सुरक्षा अंग थप प्रभावकारी तरिका से परिचालन करके भारत से अनाधिकृत रूप मे नेपाल आवेके क्रम अन्त्य कईल जरूरी भईल उ सामाजिक सञ्जाल ट्वीट मार्फत सरकार के सुझाव देहले बानी ।
सुदूरपश्चिम के कैलाली लगायत सीमावर्ती जिल्लासब मे खेतबारी, गोरेटो आ जंगल से बन्दाबन्दी मे चोरालुका के नेपाल प्रवेश करेके क्रम जारी रहल देखल गईल उल्लेख करत अध्यक्ष राणा उ जगहा मे सख्त निगरानी करेके बतवले बानी ।
साथे भारत के दिल्लीस्थित निजामुद्दिन मे पुरा भईल धार्मिक भेला से सम्बन्धित कोरोना भाइरस के जोखिम उपर भी नेपाल उच्च सतर्कता अपनावे के उनकर कहनाम बा ।
कोरोना संक्रमण के संवेदनशीलता आ सावधानी के ध्यान मे राखत ई समय मे भारत से केतना आदमी गाँवघर अईला पर यथार्थ जानकारी राखेके आ ओईसन आदमी के उच्च सतर्कता के साथ क्वारेन्टाइन मे राखेके अध्यक्ष राण के सुझाव बा ।
काठमाण्डु आसपास के जिल्ला के किसान तरकारी के उचित मूल्य ना मिलला के बाद बिचौलीया के चलते राजधानी आवेवाला तरकारी के भाव अचाक्ली बढला मे उ सरकार के ध्यानाकर्षण करावत समाधान के खातिर किसान आ उपभोक्ता दुनु के लाभ होखेवाला किसिम से संकटकालीन ढुवानी व्यवस्था लागू करेके माग कईले बानी ।




