पानी परला से गेहु वाला दुखित उख वाला हर्सित
प्रभु यादव
बैईशाख ३ गते
बारा मे पानी परला से किसान लोग दुखित भईल बा । खेत मे गेहु जना जला के कटवावल गईल दाउनी ना भईला से पानी परला पर भिज गईला से दुखित भईल बा ।
गेहु के अनाज निकालेला बहुत भिडाह भइला से घाम लगला पर फेर से सुखावे के परी कहत किसान कलैया २ ब्रह्मदेव यादव दुख व्यक्त कईले बाडन ।
खेत मे गेहु काटे बेर मे ज्यालदारी करेवाला जाना लगावले रहनिह आ फेर से सुखावे मे लगावे के परी कहत यादव परसानि बढल कहनी । करिब २५ प्रतिशत गेहु के खेती मे पानी परला से क्षति पुगल अनुमान कईल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।
बारा जिल्ला मे करिब ३० हजार हेक्टर मे लगावल गईल गेहु बाली मे से काटल गईल १० प्रतिशत मे नोक्सानी होये के कृषि ज्ञान केन्द्र कलैया के कुषि प्रसार अधिकृत रामजिवन ठाकुर जनकारी करावले बानी । आज परल पानी से परसानी बढल बा माकिर दु दिन तक परी त काटल गईल गेहु मे नोक्सान होई ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
रात मे आईल आधि आ बेयार से आम आ लिचि के गाछ मे लागल दाना मे नोक्सानी पहुचवले बा कृषि प्रसार अधिकृत ठाकुर जनकारी देहनी ।
किसान से लगावल गईल उख बाली मे फाइदा भईल जनकारी देहनी । अभि के समय मे उख बाली मे सिचाई करे के समय भइला से फाईदा पुगल अधिकृत ठाकुर जनकारी देहनी ।






