राहत ना मिलला पर रौटहट के विपन्नलोग भुखे

रौतहट ३ बैशाख,

सरकार समय मे राहत वितरण करे ना सकला पर रौतहट के अनेकन स्थानीय तह के अतिविपन्न परिवारलोग समस्या मे पडल बाडन ।

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) नियन्त्रण के खातिर सरकार से कईल लकडाउन के तिसरका हप्ता तक भी राहत पुगावे ना सकला पर विपन्नलोग समस्या मे पडल बाडन ।

तीन हप्ता लमहर लकडाउन के चलते घर मे रहल अन्नपात ओरईला के बाद समस्या मे पडल विपन्नलोग सिकाईत कईले बाडन ।

दिनभर ज्यालादारी काम करके गुजारा चलावेमे बाध्य उ क्षेत्र के अतिविपन्नलोग लकडाउन के चलते काम बन्द भईला के बाद समस्या मे पडल बाडन ।

लम्हर समय तक लकडाउन बढला के चलते सरकार से देवेके कहल राहत भी ना पुगला के बाद उलोग के समस्या आउर बढल बा ।

खुद सँगे भईल पईसा ओरईला के बाद दोकानदार उधार देवेके ना मानेके आ बाहर काम मे भी निकले सकेके अवस्था ना भईला के बाद खुदसब के दु छाक टारेमे समस्या भईल स्थानीय श्रीराम पासवान सिकाईत कईनी ।

लकडाउन भईल २३ दिन बितला पर भी जिल्ला के गरुडा नगरपालिका कउनो भी वार्ड मे राहत के प्याकेज वितरण करे नइखे सकल ।

गरुडा नगरपालिका के मात्र ना होके राजपुर नगरपालिका, राजदेवी, दुर्गा भगवती आ यमुनामाई लगायत स्थानीय तह भी विपन्नलोग के खातिर राहत वितरण करे नइखे सकल ।

एकओरी काम करेवाला अवस्था ना भईल आ ओईसन अवस्था मे भी स्थानीय सरकार आपन समस्या ना सुनल स्थानीय के सिकाईत बा ।
स्थानीय हरदेव महरा सरकार के गाँवगाँव मे सिंहदरवार के अवधारणा गरुडा आ राजपुर मे लागू ना भईल बतवनी ।

नगरपालिका के मेयर तथा वार्ड अध्यक्ष भी खुदसब के बारे मे कउनो चासो ना राखल उनकर आरोप बा । ‘बाहर काम करे निकलला पर पुलीस पिट के घर फिर्ता पठा रहल बा ।

काम ना करके घर मे रहला पर चुल्हा ना बरी ।’ गरुडा ४ के स्थानीय पासवान कहनी कि ‘अभी के अवस्था जीवन मे कभो भी ना आईल रहे ।

काम करके जोगावल पईसा भी सभी ओराईल, अब भुखे मरेके डर बा ।’ पासवान ई विपन्न बस्ती मे खाएवाला सामान के कमी भईला से तत्काल राहत के जरुरत पडल बतवनी ।

एहितरे, जिल्ला के राजपुर नगरपालिका राहत के सामानसब खरिद प्रक्रिया अगाडि बढावल जनवले बा । प्रदेश सरकार राहत के खातिर पठावल रोपेया भी जिल्ला के स्थानीय तहसब खर्च करे नइखे सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।