पानी परला से गँहु खेती करेवाला किसान दुःखीत, ऊँख किसान खुसी

प्रभु यादव
बारा ०३ बैशाख
बारा जिल्ला मे पानी परला से गँहु खेती करेवाला किसान लोग दुःखीत भईल बा । खेत मे गँहु जाना लागाके कटवावल गईल दाउनी ना भईला से पानी परला पर भिज गईला से दुःखीत भईल बाडन ।
गँहु के अनाज निकालेला बहुत भिडाह भइला से घाम लगला पर फेर से सुखावे के परी कहत किसान कलैया २ ब्रह्मदेव यादव दुःख व्यक्त कईले बाडन ।
खेत मे गँहु काटे बेर मे ज्यालदारी करेवाला जाना लगावले रहनिह आ फेर से सुखावे मे लगावे के परी कहत यादव परसानी बढल कहनी । करिब २५ प्रतिशत गँहु के खेती मे पानी परला से क्षति पुगल अनुमान कईल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।
किसान लोग के परसानि के समस्या बुझेवाला कवनो निकाय ना भईला से जभि भी प्राकृतीक समस्या आईला पर परसानि झेलत मार बेहोरे के परेला किसान दिपेश यादव सिकायत कईले बानी ।
बारा जिल्ला मे करिब ३० हजार हेक्टर मे लगावल गईल गँहु बाली मे से काटल गईल १० प्रतिशत मे नोक्सानी होखे के कृषि ज्ञान केन्द्र कलैया के कृषी प्रसार अधिकृत रामजिवन ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
आज परल पानी से परसानी बढल बा माकिर दु दिन तक परी त काटल गईल गँहु मे नोक्सान होई ठाकुर जनकारी करावले बानी । रात मे आईल आँधी आ बेयार से आम आ लिचि के गाछ मे लागल दाना मे नोक्सानी पहुचवले बा कृषि प्रसार अधिकृत ठाकुर जनकारी देहनी ।
किसान से लगावल गईल ऊँख बाली मे फाइदा भईल जनकारी देहनी । अभि के समय मे ऊँख बाली मे सिचाई करे के समय भइला से फाईदा पुगल अधिकृत ठाकुर जनकारी देहनी ।
बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका के रामपुर, रंगपुर, औधापुर, सिसवा महेशपुर, दोहरी, मझौलीया, ब्रह्मपुरी, झिटकैया, सखुई, मनहर्वा लगायत के ऊँख किसान लोग पानी परला से सिचाई करे से बचला पर खुसी भईल बाडन । मकई आ तरकारी बाली लगावल किसान लोग के फायदा भईल बा ।






