बेसी नाफा लेके मल खाद बिक्रि करेवाला पकडईलन

प्रभु यादव

बारा ०४ बैशाख

बारा के कोल्हवी नगरालिका वडा नं.१ कोल्हवी बजार से बेसी नाफा लेके मल खाद बिक्री करेवाला एक जने पकडाईल बाडन ।

शम्भु साह आपन घर भित्र श्री लक्ष्मी बहुमुखि सहकारी संस्था संचालन कर के बहुते किसिम के मल खाद सब कृषि सामाग्री क.लि.कलैया आ साल्ट ट्रेडिङ्ग बिरगंज से खरिद कर के लयाके अधिका नाफा लेके बेचरहल अवस्था मे पुलीस पकडले बा ।

साह से मल खाद स्टोर मे जामा कर के बेसी मुल्य लेके बिक्री करहल जानकारी प्राप्त भईला पर इलाका प्रहरी कार्यालय कोल्हवी बारा से खटिल प्रहरी टोली पकडले बा प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्रा जनकारी करावले बानी ।

साह युरिया खाद सात सय मे खरीद के नव सय मे बिक्रि बितरण करहल अवस्था मे स्टोर कर के राखल युरिया मल एक सय ८१ बोरा, कृषक पोटास ८३ बोरा, एल्मुनियम सल्फेट मल ६० बोरा आ फोष्फेट मल ७८ बोरा बरामद कर के स्टोर मे सिलबन्दी कईल गईल प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले बाडन ।

कृषि सामाग्री कम्पनी लिमिटेड से अनुदान मे खरिद कर के लेयाल मल खाद बेसी नाफा लेके बिक्रि बितरण करहल पकडाईल साह के कालो बजार तथा केही अन्य सामाजिक अपराध तथा सजाय ऐन २०३२ बमोजिम अनुसन्धान कईल जारहल प्रहरी प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।