भारतीय संक्रमित सम्पर्क क्षेत्र मे ¥यापिड टेस्ट, नतिजा नेगेटिभ

वीरगंज ०४ बैशाख
कोरोना संक्रमित तीन जने भारतीय नागरिक के सम्पर्क भईल क्षेत्र के २ सय ९० जने के ¥यापिड टेस्ट कईला पर एन्टीबडी नेगेटिभ आईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–२ छपकैयास्थित मक्की जामे मस्जिद मे रहत आईल उलोग मे संक्रमण के स्रोत पत्ता लागल नइखे ।
एकरा चलते समुदाय मे हि संक्रमण फईलल बा कि कहके आशंका हो रहल बा । संक्रमित के ट्राभल हिस्ट्रि खोजेके आ कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के काम चल रहल बा ।
सँगे बुध के दिन से संक्रमित आदमीसब रहल क्षेत्र मे ¥यापिड डाइग्नोस्टिक टेष्ट (आरडिटी) शुरु कईले बा ।
विश्व स्वास्थ्य संगठन, स्वास्थ्य मन्त्रालय, जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय के टोली वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं २ घुसुकपुर क्षेत्र मे ¥यापिड टेष्ट शुरु कईले बाडन ।
बुध के दिने सँझिया तक दु सय ९० जने के ¥यापिड टेष्ट कईल आ सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत कामेश्वर चौरसिया बतवनी । अनेकन निकाय के स्वास्थ्यकर्मी के टोली ४ गो समूह मे बाँटाके ¥यापिड टेष्ट कईल रहे ।
समुदाय मे संक्रमण फईलल हो सकेके आशंका मे ¥यापिड टेष्ट शुरु कईल जनस्वास्थ्य विभाग से खटल डा नरेन्द्रकुमार खनाल बतवनी । “तीन जने संक्रमित रहल क्षेत्र मे ¥यापिड टेष्ट शुरु कईल बा” कहत उ “¥यापिड टेष्ट कईला के बाद रिपोर्ट के आधार मे रणनीति बनावल जाई ।”
कोरोना संक्रमित तीन जने पिछिलका दिन मे रहल वीरगंज–२ छपकैया, वीरगंज– १ छपकैया, सिसौवारी, आ वीरगंज– २६ अठराह सुगौली स्थित मस्जिद आसपास के क्षेत्र मे ¥यापिड टेष्ट करे लागल बा । ई सभी क्षेत्र मे करके करिब ३५ सय ¥यापिड टेष्ट होखेके अनुमान कईल बा ।
भारतीय नागरिक के राखल ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे भी ¥यापिड टेष्ट कईल बा । क्याम्पस मे राखल सभी भारतीय नागरिक के ¥यापिड टेष्ट करे लागल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
“ठाकुरराम मे १ सय ८९ जने भारतीय नागरिक के राखल गईल बा । उलोग सभी के ¥यापिड टेष्ट करे लागल बा” कहत बस्नेत “१ सय ५८ जने के परीक्षण भइल बा, सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ बा । सँझिया तक सभी के जाँच ओराई ।”
लकडाउन के समय मे काठमाण्डु, भरतपुर, पोखरा लगायत अनेकन सहर मे ज्याला मजदुरी करत आईल भारतीय नागरिक वीरगंज आइल रहे । भारत ओरी भी लकडाउन रहला के चलते उलोग के खाए आ रहे के व्यवस्था मिला के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे राखल रहे ।
एकरा से पहिले पर्सा मे १ सय ३६ जने के ¥यापिड टेष्ट भइल बा । बुध के दिने जनस्वास्थ्य कार्यालय के टोली जिराभवानी आ कालिकामाई गाँवपालिका स्थित क्वारेन्टाइन मे रहत आईल आदमीसब के भी ¥यापिड टेष्ट कईले बा ।
एहितरे वीरगंज महानगरपालिका से सिल कईल क्षेत्र मे बसोबास करेवाला विपन्न वर्ग के खातिर राहत सामान पठवले बा । सिल कईल क्षेत्र मे १५ सय विपन्न समुदाय के राहत बाँटल गईल महानगरपालिका जनवले बा ।
ओकरा खातिर महानगरपालिका १५ टन चाउर, १५ सय किलो दाल, १५÷१५ सय प्याकेट तेल आ नुन, साबुन ३ हजार थान सिल कईल क्षेत्र मे पुगावल गईल बा । राहत वितरण के जिम्मा नि. वार्ड अध्यक्ष के देहल गईल बा ।






